दामोदर नदी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
No edit summary
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन
बिस्तार कइल गइल
 
लाइन 95:
 
दामोदर के प्रमुख सहायिका नदी सभ में बरकार, कोनार आ जमुनिया नियर नदी बाड़ी सऽ। नदी के थाला खूब खनिज पदार्थ वाला हवे आ यही कारन एह इलाका में उद्योग सभ के बिकास भी भइल बा। बोकारो, आसनसोल, दुर्गापुर आ बर्धमान नियर शहर एह नदी के तीरे बसल बाड़ें जे कलकत्ता बंदरगाह के पछवारे के परदेस में पड़े लें। एह इलाका में उद्योग के अस्थापन के कारन ई नदी भारत के कुछ सभसे ढेर प्रदूषित नदी सभ में से एक हवे।
 
== दामोदर घाटी ==
दामोदर घाटी के नाँव से जानल जाए वाला भूगोलीय इलाका के बिस्तार झारखंड राज्य के हजारीबाग, रामगढ़, कोडरमा, गिरडीह, धनबाद, बोकारो आ चतरा ज़िला सभ में आ पच्छिम बंगाल राज्य के बर्धमान आ हुगली जिला सभ में बाटे। एह में कुछ इलाका पलामू, राँची, लोहरदग्गा, आ दुमका जिला के भी आवे ला आ पच्छिम बंगाल के हावड़ा, बाँकुरा आ पुरुलिया जिला के भी हिस्सा आवे ला। नदी के कुल कैचमेंट एरिया भा थाला के बिस्तार {{convert|24235|km2|mi2}} पर बाटे।
 
दामोदर घाटी में कोइला पावल जाला। ई भारत के सभसे प्रमुख कोकिंग कोइला के सेंटर मानल जाला।इहाँ कोइला के भारी जमाव बिचला हिस्सा में मिलेला जे लगभग {{convert|2883|km2|mi2}} एरिया में बाटे। इहँवा के सभसे प्रमुख खदान सभ में झरिया, रानीगंज, पच्छिम बोकारो, पूर्ब बोकारो, रामगढ़, दक्खिन कर्णपुर, आ उत्तर कर्णपुर बाड़ी स। <ref>{{cite web|url=http://envfor.nic.in/divisions/cltech/Damodar/2.4.htm |title=Mineral Resources and Coal Mining |access-date=2010-05-03 |url-status=dead |archive-url=https://web.archive.org/web/20110815182912/http://envfor.nic.in/divisions/cltech/Damodar/2.4.htm |archive-date=2011-08-15 }}</ref>
 
एह तरीका से देखल जाय तब ई दामोदर घाटी भारत के कुछ सभसे प्रमुख उद्योगिक क्षेत्र सभ में से एक हवे। बोकारो इस्टील कारखाना, इस्को इस्टील कारखाना, बर्नपुर; आ दुर्गापुर इस्टील कारखाना इहाँ इस्टील अथारिटी ऑफ़ इंडिया (सेल) के प्रमुख कारखाना बाड़ें। इनहन के अलावा अउरी कई गो कारखाना इहाँ अस्थापित बाड़ें।
 
{{Clear}}
 
== संदर्भ ==
{{Reflist}}
 
== बाहरी  कड़ी ==
{{commons category|Damodar River|दामोदर नदी}}