अंग्रेजी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
Kachru's three circles of English.svg
लाइन 33:
|}]]
 
साल 2016 तक ले दुनिया में कुल 400 मिलियन (40 करोड़) लोग मूलभाषा के रूप में अंगरेजी बोले वाला रहल, मने कि एह लोग के पहिली भाषा अंगरेजी हवे; लगभग 1.1 बिलियन लोग एकरा के दुसरी भाषा के रूप में बोले वाला रहल।<ref>{{cite web|title=Which countries are best at English as a second language?|url=https://www.weforum.org/agenda/2016/11/which-countries-are-best-at-english-as-a-second-language-4d24c8c8-6cf6-4067-a753-4c82b4bc865b|website=World Economic Forum|accessdate=29 नवंबर 2016}}</ref> अनुमान इहे बा कि अंगरेजी साइद दुनिया के तिसरी सभसे ढेर बोलल जाए वाली भाषा बा जेकरा से आगे दू गो भाषा बाड़ी सऽ, दुनिया के सभसे ढेर लोग द्वारा बोलल जाये वाली मैंडारिन, आ दुसरा नमर पर सभसे ढेर बोलल जाए वाली स्पेनिश भाषा।{{sfn|Ethnologue|2010}} हालाँकि, मूलभाषा आ गैर-मूलभाषा के रूप में बोले वाला लोग के जोड़ दिहल जाय तब जरूर हो सकेला कि ई दुनिया के सभसे बड़ भाषा होखे, निर्भर एह बात पर बा कि अइसन अनुमान कवना परिभाषा के आधार पर लागावल जा रहल बा।{{sfn|McCrum|MacNeil|Cran|2003|pp=9–10}}{{sfn|Crystal|2003a|p=69}}<ref>{{Cite news|url=https://www.ethnologue.com/language/eng|title=English|newspaper=Ethnologue|access-date=2016-10-29}}</ref><ref>{{Cite news|url=https://www.ethnologue.com/language/cmn |title=Chinese, Mandarin |newspaper=Ethnologue |access-date=2016-10-29 |deadurlurl-status=yesdead |archiveurl=https://web.archive.org/web/20160926043620/http://www.ethnologue.com/language/CMN |archivedate=26 September 2016 |df= }}</ref> अंगरेजी बोले वाला लोगन के समुदाय हर महादीप, दीप आ समुंद्री इलाका में जरूर मिल जाई।{{sfn|Crystal|2003b|p=106}}
 
जवना देस सभ में अंगरेजी बोलल जाला उनहन के अलगा-अलगा समूह में बाँट के भी देखल जा सकत बा। आमतौर पर ई तीन गो सर्किल के रूप में बाँटल जाला: "अंदरूनी सर्किल" में{{sfn|Svartvik|Leech|2006|p=2}} अइसन देस आवे लें जहाँ के मूलभाषा अंगरेजी हवे या फिर जहाँ के भाषा अंगरेजी के ऊँच साहित्यिक स्टैंडर्ड आ एकरे चालढाल के तय करे ला। अंगरेजी कौनों एगो देस के भाषा ना बा, न इ खाली अइसने देस सभ के भाषा बा जहाँ अंगरेज लोग जा के बस गइल। कई अइसन देस भी बाने जहाँ कुछे अंगरेज लोग जाके बसल बाकिर ई भासा उहाँ के राष्ट्रभाषा बाटे। एकरे अलावा ई अंतरराष्ट्रीय लेवल पर आपसी संबाद आ संपर्क के भाषा में भी बिकसित हो चुकल बा आ भूगोल के कौनों भी हिस्सा में जहाँ दू लोग एक दुसरा के भाषा न बूझत होखे, एकर इस्तेमाल क सके ला।