गौतम बुद्ध: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
विष्णु के अवतार खाली एगो छोट हिंदू समुदाय माने ला जे भूमिका में लिख जाए लायक ना बा आगे जोड़ल जा सके ला /अउरी सुधार
No edit summary
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन Advanced mobile edit
लाइन 23:
 
{{बौद्ध धर्म}}
'''बुद्ध''' ('''सिद्धात्थ गौतम''', चाहे '''सिध्दार्थ गौतम''', चाहे '''शाक्यमुनि''' नाँव से जानल जालन) [[भारत के इतिहास|पुरान भारत]] मे एगो [[दार्शनिक]], भिक्षु, आध्यात्मिक शिक्षक आ धार्मिक नेता रहलन। इनके शिक्षा की आधार पर [[बौद्ध धर्म]] अस्थापित भइल। बुद्ध के जनम शाक्य कुल में, [[लुम्बिनी]] (वर्तमान [[नेपाल]] में) नामक अस्थान पर भइल रहे जेवन शाक्य गणतंत्र क राजधानी रहे।
ई 45 बरिस ले बौद्ध धर्म के शिक्षा दिहलें। इनकर शिक्षा '''दुक्ख''' (माने: दुख) आ ओकरा से मुक्ति (निब्बान) प आधारित बा।
 
'''बुद्ध''' शब्द क अर्थ होला अइसन व्यक्ति जे के बोधि (मने ज्ञान) मिल गइल होखे आ [[बौद्ध धर्म]] में इहाँ के सबसे बड़ ज्ञान प्राप्त व्यक्ति मानल गइल बा आ सम्मासंबुद्ध अथवा सम्यकसम्बुद्ध कहल जाला। शाक्य कुल में जनम की कारण इनके के शाक्यमुनि कहल जाला। गोतम गोत्र में जनम भइल आ जनम की बाद नाँव सिद्धार्थ धराइल जेवना से इनके नाँव सिद्धार्थ गौतम भइल। ज्ञान (बोधि) प्राप्त कइ लिहला पर बुद्ध, गौतम बुद्ध, महात्मा बुद्ध आ भगवान बुद्ध कहल जाए लागल।