कैनियन: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
+ नेवीगेशन बक्सा
छो + अंगरेजी नाँव
लाइन 1:
[[चित्र:Nankoweap.JPG|220px|thumb|[[ग्रैंड कैनियन]] के एगो दृश्य]]
[[चित्र:Kaligandaki ghasa.jpg|220px|thumb|नेपाल में [[काली गंडकी गॉर्ज]]]]
'''कैनियन''' (Canyon) भा '''गॉर्ज''' (Gorge) एक किसिम के [[घाटी]] होला जेकर दुन्नो ओर के ढाल लगभग खड़ा ढाल होलें आ चौड़ाई के अनुपात में गहिराई बहुत ढेर होला। इनहन के गहिरी घाटी, तंग घाटी भा सँकरी घाटी कहल जा सके ला। प्रमुख रूप से अइसन घाटी सभ के निर्माण अपरदन (जमीन कटाव) द्वारा होला जब नदी भा जलधारा घाटी के गहिरा तेजी से करे आ साइड के ढाल के कटाव ओतना तेजी से न होखे।
 
अंगरेजी के दुन्नों शब्द कैनियन आ गॉर्ज के अदल-बदल के इस्तेमाल होला आ ई लगभग पर्यावाची हवें। कुछ स्रोत के मोताबिक कैनियन शब्द के इस्तेमाल अमेरिकी अंगरेजी में ढेर होला आ गौर्ज के इस्तेमाल यूरोप में होला। कुछ जगह इहो देखे के मिले ला कि बड़हन आ बिसाल आकार के गॉर्ज के कैनियन कहल जाला।<ref>{{cite web |last1=Society |first1=National Geographic |title=gorge |url=https://www.nationalgeographic.org/encyclopedia/gorge/ |website=National Geographic Society |accessdate=16 जून 2018 |language=en |date=21 जनवरी 2011}}</ref> हिंदी में गॉर्ज के खड्ड आ कैनियन खातिर महाखड्ड शब्द के इस्तेमाल भी मिले ला।<ref>सिंह, सवीन्द्र. ''भौतिक भूगोल'', वसुंधरा प्रकाशन, [[गोरखपुर]].</ref>
"https://bh.wikipedia.org/wiki/कैनियन" से लिहल गइल