आईसीसी मरद टी-20 बिश्वकप: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन Advanced mobile edit
No edit summary
टैग कुल: मोबाइल संपादन मोबाइल वेब संपादन Advanced mobile edit
लाइन 36:
अइसे तऽ एकर हर दू बरिस पऽ करावल जाला बाकिर, 2020 के बिश्वकप; जवन की ऑस्ट्रेलिया मे होखे के रहे; के कोरोना महमारी के चलते 2021 मे करावल गइल, आ मेजबानी ऑस्ट्रेलिया से ले के [[भारत]] के दे दिहल गइल। बाकिर [[भारत में कोविड-19 महामारी]] इहतिथी के देखि के, मैच सभ के यूएई आ ओमान मे करावल गइल। मई 2016 मे, आईसीसी 2018 के बिश्वकप करावे पऽ बिचार कऽ लिहले रहे जेकर मेजबानी दक्खिन अफ्रिका के मिल सकत रहे बाकिर 2017 आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी खतम होला के बाद, 2018 मे प्रतिजोगिता करावे के बिचार छोड़ दिहलस।
 
अबहिन ले छवसात बेर ई प्रतिजोगिता भइल बा, पिछलका बिजेता ऑस्ट्रेलिया हऽ। वेस्ट इंडीज हऽ, आ अकेल अइसन दल हऽ जे एह प्रतिजोगिता के दु बेर जीतल बाटे। पहिलका प्रतिजोगिता, 2007 बिश्व ट्वेंटी-20, दक्खीन अफरिका मे भइल रहे आ, ओकरा [[भारत]] जीतल रहे, जे अंतिम मैच मे पाकिस्तान के जोहान्सबर्ग के वांडरर्स स्टेडियम मे हरइले रहे। 2009 के प्रतिजोगिता इंग्लैंड मे भइल आ एकरा पाकिस्तान जीतल, जे अंतिम मैच मे श्रीलंका के लॉर्ड्स पऽ हरइले रहे। तिसरका प्रतिजोगिता 2010 मे भइल रहे, जेकर अंतिम मैच बारबाडोस मे भइल आ इंग्लैंड ऑस्ट्रेलिया के हरइलस आ पहिलका बेरा बिजता भइल। चउथका प्रतिजोगिता 2012 मे भइल आ पहिला बेरा ई प्रतिजोगिता एशिया मे भइल रहे जेकर सभ मैच श्रीलंका मे भइल। एह मे श्रीलंका के अंतिम मैच मे हरा के वेस्ट इंडीज बिजेता बनल आ 2004 के चैंपियंस ट्रॉफी के बादि आपन पहिलका आईसीसी प्रतिजोगिता जीतल। पंचवा बेरा ई [[बांग्लादेश]] मे भइल आ अंतिम मैच मे श्रीलंका भारत के हरइलस आ तीन गो फाइनल खेले वला पहिलका दल बनल। अबहिन एकरा बीजेता वेस्ट इंडीज हऽ जे 2016 मे जीतल रहे।
 
==इतिहास==