प्रादेशिक भूगोल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार कइल गइल
+विकिकड़ी जोड़ल गइल
लाइन 10:
प्रादेशिक भूगोल के क्षेत्र में अध्ययन करे वाला चाहे अपना भूगोलीय अध्ययन में प्रादेशिक भूगोल के एप्रोच अपनावे वाला भूगोलवेत्ता लोगन के लमहर इतिहास रहल बा। ई लगभग ओतने पुरान हवे जेतना खुद भूगोल एगो अध्ययन के शाखा के रूप में बा। पृथिवी के अलग-अलग हिस्सन के रूप में पहिचान करे आ उनहन के बिसेसता बतावे चाहे उनहना के बिसेसता के अध्ययन करे के इतिहास पुरान बा; भले प्रादेशिक भूगोल के रूप में एह शाखा के नाँव आ उदभव बाद में आइल।
 
6वीं से 3सरी सदी ईपू. में यूनानी भूगोलवेत्ता लोग अलग-अलग जगहन के भूगोल के वर्णन करत रहे। [[हिकैटियस]] आपन किताब ''जेस पीरियोड्स'' के दू खंड में लिखलें जेह में से एगो में यूरोप के इलाका सभ के बरनन रहे आ दुसरहा में एशिया के इलाका सभ के।
 
हालाँकि, बाद समय में, ख़ास प्रादेशिके भूगोल के क्षेत्र में काम करे वाला आ एह बिचारधारा आ एप्रोच के आगे बढ़ावे वाला लोगन में [[अल्फ्रेड हेटनर|हेटनर]] के नाव प्रमुख बा जे भूगोल के ''कोरोलॉजी'' के रूप में परिभाषित कइलें। [[विडाल डि ला ब्लाश|विडाल डी ला ब्लाश]], एगो संभववादी भूगोलवेत्ता रहलें जे ''पेज'' (pays) के कांसेप्ट दिहलें आ छोट-छोट प्रदेशन में बाँट के फ़्रांस के इलाका सभ के बरनन कइलें। इनकर ''शारे-दी-वी'' के कांसेप्ट एक किसिम के प्रादेशिके भूगोल रहल।
 
अमेरिका के भूगोलवेत्ता सभ में [[रिचार्ड हार्टशोर्न]] के नाँव सभसे प्रमुख बा जे दुसरा बिस्व जुद्ध के जमाना में ''एरियल डिफरेंसियेशन'' के कांसेप्ट दिहलें आ प्रादेशिक भूगोल के प्रमुख वकालत करे वाला लोगन में रहलें। [[कार्ल ओ. सॉअर]], लैंडस्केप के अध्ययन के पुरोधा, के एक किसिम के प्रादेशिके भूगोलवेत्ता मानल जाला जे ब्लाश आ हार्टशोर्न से बहुत परभावित रहलें।
 
== इहो देखल जाय ==