ग्लोब: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Reverted 1 edit by 2405:204:1403:DB4A:3113:DE99:C266:762A (talk) to last revision by SM7 (ट्विं)
टैग: Undo
बिस्तार कइल गइल
लाइन 3:
 
ग्लोब शब्द के उत्पत्ती लैटिन भाषा के ग्लोबस (''globus'') से हवे जेकर शाब्दिक अरथ गोला होला। ग्लोब शब्द के पहिला इस्तेमाल, जहाँ ले जानकारी बा, स्ट्रेबो (150 ईपू) कइलेन ''ग्लोब ऑफ क्रेट्स'' के रूप में। दुनिया क सभसे पुरान ग्लोब जेह में पृथ्वी देखावल गइल बा, मार्टिन बेहाइम के बनावल एर्डाफेल (Erdapfel, ''पृथ्वी सेब'') हवे जे 1492 में बनावल गइल रहल। दुनिया के सभसे पुरान आकाशी ग्लोब (जेह में ब्रह्मांड के ग्लोब के रूप में देखावल गइल बा) दूसरी सदी के एगो संगमरमर के मूर्ती के हिस्सा बा जेह में एटलस के ई ग्लोब अपना कान्ही पर उठवले देखावल गइल बा।
 
== कुछ कांसेप्ट ==
पृथिवी के सपाट सतह पर देखावे के काम नक्शा प्रोजेक्शन के मदद से कइल जाला आ अइसन चित्र सभ नक्शा कहालें; हालाँकि पृथिवी के लगभग गोलाकार आकृति के कौनों भी तरीका से सपाट सतह पर देखावे में एकरे असली आकृति, एरिया, दूरी इत्यादि सभ में कुछ न कुछ बिचलन जरूर हो जाला। एही से पृथ्वी के आकृति के सही से देखावे के सभसे नीक माध्यम ग्लोब हवे जे खुद पृथिवी के लगभग गोल आकृति नियर होखे ला।
 
ग्लोब पृथिवी के [[पैमाना (नक्शा)|पैमाना]] अनुसार छोट कइल रूप (''स्केल मॉडल'') होखे लें। पृथिवी के खुद के साइज बहुत बड़हन बाटे आ एकर गोलाई (सर्कमफरेंस भा परिधि) लगभग 40 मिलियन (4 करोड़) मीटर बाटे; एकर मतलब कि अगर अइसन ग्लोब बनावल जाय जेकर गोलाई 1 मीटर होखे तब ग्लोब आ पृथिवी के बीचा में 1:40,000,000 (1:40 मिलियन) के अनुपात होखी)। आसान भाषा में कहल जाय तब ई ग्लोब पृथ्वी के 4 करोड़ गुना छोट रूप में देखावे वाला मॉडल होखी। एह तरीका से, कुछ ग्लोब 1 फुट के डायामीटर वाला बनावल जालें जिनहन के गोलाई लगभग 96 सेमी होखे ला आ स्केल 1:42 मिलियन होला। एकरे अलावा अउरी कई साइज में ग्लोब बनावल जालें।
 
कुछ ग्लोब सभ पर पृथिवी के ऊँचाई निचाई के प्रदर्शित कइल जाला। इनहन के सतह पर उभार आ गहिरा हिस्सा बना के देखावल जाला कि पृथ्वी पर कहाँ पहाड़ बाड़ें आ समुंदरी गहिरा हिस्सा कहाँ बाड़ें। एह दसा में ई ऊँचाई निचाई देख्लावे खातिर इस्तेमाल कइल रेलीफ़ बहुत बेसी बढ़ा-चढ़ा के देख्लावे के पड़े ला। उदाहरण खातिर एगो ग्लोब बनावे वाला कंपनी 96 सेमी. (25 इंच) के डायामीटर वाला ग्लोब बनावे ले (जे लगभग 200 सेमी के गोलाई वाला होला आ जेकर पैमाना 1:20 मिलियन होला); एह ग्लोब पर दुनियाँ से सभसे ऊँच परबत छोटी माउंट एवरेस्ट के 2.5 सेमी ऊँच (1 इंच) देखावे ले; वास्तव में देखल जाय तब ई ग्लोब के पैमाना के तुलना में 57 गुना बेसी बढ़ा के देखलावल जा रहल होखे ला (एकर वर्टीकल एक्जजरेशन x57 होखे ले)।
 
{{clear}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/ग्लोब" से लिहल गइल