ग्लोब: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बिस्तार कइल गइल
फोटो जोड़ल गइल, +विकिकड़ी जोड़ल गइल
लाइन 1:
[[चित्र:JohnWorld NewtonGlobe and William Palmer SLNSW globe 1782Map.jpg|150px160px|thumb|अब के जमाना के एगो ग्लोब]]
[[चित्र:John Newton and William Palmer SLNSW globe 1782.jpg|160px|thumb|1782 के एगो ग्लोब, जॉन न्यूटन आ विलियम पाल्मर के बनावल।]]
'''ग्लोब''' (Globe) [[पृथ्वी]] या कौनों अउरी आकाशीय पिंड के छोट रूप में देखावे वाला मॉडल होला। ई पृथ्वी के [[पैमाना (नक्शा)|पैमाना]] अनुसार छोट रूप में देखावे ला आ बिबिध काम में इस्तेमाल होखे ला। कौनों गोल आकार चीज, जेकरे त्रिज्या आ पृथ्वी के त्रिज्या में ख़ास अनुपात होखे (इहे [[पैमाना (नक्शा)|पैमाना]] कहाला) पर अक्षांश-देशांतर रेखा सभ के जाल आ महादीप आ महासागर सभ के चित्र बनावल गइल होला; आमतौर पर ई धुरी के सहारे लगभग ओतने झुका के देखावल गइल रहे ला जेतना कि पृथ्वी अपने कक्षा-तल पर झुकाव लिहले बा। [[नक्शा]] बनावे में, गोलाकार सतह के सपाट सतह पर देखावे के बिधि, [[नक्शा प्रोजेक्शन]] बनावे में ग्लोब भा ग्लोब के कांसेप्ट (कल्पित ग्लोब) के खास महत्व होला। कारण ई कि ग्लोब पृथ्वी के 3डी मॉडल हवे जबकि नक्शा 2डी निरूपण हवे।
 
ग्लोब शब्द के उत्पत्ती [[लैटिन|लैटिन भाषा]] के ''ग्लोबस'' (''globus'') से हवे जेकर शाब्दिक अरथ गोला होला। ग्लोब शब्द के पहिला इस्तेमाल, जहाँ ले जानकारी बा, [[स्ट्रेबो]] (150 ईपू) कइलेन ''ग्लोब ऑफ क्रेट्स'' के रूप में। दुनिया क सभसे पुरान ग्लोब जेह में पृथ्वी देखावल गइल बा, मार्टिन बेहाइम के बनावल एर्डाफेल (Erdapfel, ''पृथ्वी सेब'', सेव रुपी पृथ्वी) हवे जे 1492 में बनावल गइल रहल। दुनिया के सभसे पुरान आकाशी ग्लोब (जेह में ब्रह्मांड के ग्लोब के रूप में देखावल गइल बा) दूसरी सदी के एगो संगमरमर के मूर्ती के हिस्सा बा जेह में कथा-कहानी के एगो देवता एटलस के ई ग्लोब अपना कान्ही पर उठवले देखावल गइल बा।
 
== कुछ कांसेप्ट ==
[[चित्र:Teacher points out a country on a map.jpg|thumb|इस्कूल में मैडम जी बिद्यार्थिन के ग्लोब देखलावत बाड़ी।]]
पृथिवी के सपाट सतह पर देखावे के काम [[नक्शा प्रोजेक्शन]] के मदद से कइल जाला आ अइसन चित्र सभ नक्शा कहालें; हालाँकि पृथिवी के लगभग गोलाकार आकृति के कौनों भी तरीका से सपाट सतह पर देखावे में एकरे असली आकृति, एरिया, दूरी इत्यादि सभ में कुछ न कुछ बिचलन जरूर हो जाला। एही से पृथ्वी के आकृति के सही से देखावे के सभसे नीक माध्यम ग्लोब हवे जे खुद पृथिवी के लगभग गोल आकृति नियर होखे ला।
 
ग्लोब पृथिवी के [[पैमाना (नक्शा)|पैमाना]] अनुसार छोट कइल रूप (''स्केल मॉडल'') होखे लें। पृथिवी के खुद के साइज बहुत बड़हन बाटे आ एकर गोलाई (सर्कमफरेंस भा परिधि) लगभग 40 मिलियन (4 करोड़) मीटर बाटे; एकर मतलब कि अगर अइसन ग्लोब बनावल जाय जेकर गोलाई 1 मीटर होखे तब ग्लोब आ पृथिवी के बीचा में 1:40,000,000 (1:40 मिलियन) के अनुपात होखी)। आसान भाषा में कहल जाय तब ई ग्लोब पृथ्वी के 4 करोड़ गुना छोट रूप में देखावे वाला मॉडल होखी। एह तरीका से, कुछ ग्लोब 1 फुट के डायामीटर वाला बनावल जालें जिनहन के गोलाई लगभग 96 सेमी होखे ला आ स्केल 1:42 मिलियन होला। एकरे अलावा अउरी कई साइज में ग्लोब बनावल जालें।
"https://bh.wikipedia.org/wiki/ग्लोब" से लिहल गइल