ग्लोब: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
हॉट-कैट द्वारा श्रेणी:पृथ्वी जोड़ल गइल
+विकिकड़ी जोड़ल गइल
लाइन 6:
 
== कुछ कांसेप्ट ==
{{main|नक्शा प्रोजेक्शन|पैमाना (नक्शा)}}
[[चित्र:Teacher points out a country on a map.jpg|thumb|इस्कूल में मैडम जी बिद्यार्थिन के ग्लोब देखलावत बाड़ी।]]
पृथिवी के सपाट सतह पर देखावे के काम [[नक्शा प्रोजेक्शन]] के मदद से कइल जाला आ अइसन चित्र सभ नक्शा कहालें; हालाँकि पृथिवी के लगभग गोलाकार आकृति के कौनों भी तरीका से सपाट सतह पर देखावे में एकरे असली आकृति, एरिया, दूरी इत्यादि सभ में कुछ न कुछ बिचलन जरूर हो जाला। एही से पृथ्वी के आकृति के सही से देखावे के सभसे नीक माध्यम ग्लोब हवे जे खुद पृथिवी के लगभग गोल आकृति नियर होखे ला।
Line 16 ⟶ 17:
{{main|गोलार्ध}}
[[File:Map of the World.jpg|thumb|361x361px|पुराना समय के एगो नक्शा में पूरबी आ पच्छिमी गोलार्ध के बिभाजन।]]
'''पृथ्वी के गोलार्ध''' (hemispheres of Earth) [[पृथ्वी]] के [[ग्लोब]] के दू हिस्सा में बाँटला से बनेला;<ref>{{cite web |last1=Society |first1=National Geographic |title=hemisphere |url=https://www.nationalgeographic.org/encyclopedia/hemisphere/ |website=National Geographic Society |access-date=2 मार्च 2022 |language=en |date=22 मार्च 2011}}</ref><ref name="Britannica">{{cite web |title=hemisphere |url=https://kids.britannica.com/students/article/hemisphere/274837 |website=Britannica Kids |access-date=2 मार्च 2022}}</ref> शब्द के मतलब होला गोला के आधा हिस्सा। अंगरेजी भाषा के शब्द ''हेमिस्फियर'' मूल रूप से ग्रीक भाषा से आइल हवे आ एहू के मतलब होला कौनों गोला के आधा हिस्सा।
 
[[अक्षांश|अक्षांस]] के आधार पर पृथ्वी के दू हिस्सा में बाँटल जाला तब [[बिसुवत रेखा]] भा भूमध्य रेखा एकरे बीचोबीच पड़े ले:
* [[उत्तरी गोलार्ध]] अइसन सगरी इलाका हऽ जे भूमध्य रेखा के उत्तर में पड़े ला। एकरे सेंटर में उत्तरी ध्रुव होखे ला।
* [[दक्खिनी गोलार्ध]] अइसन सगरी इलाका हऽ जे भूमध्य रेखा के दक्खिन में पड़े ला। एकरे सेंटर में दक्खिनी ध्रुव होखे ला।
 
[[देशांतर]] के आधार पर पृथिवी के दू हिस्सा में बाँटे पर प्रधान मध्याह्न रेखा ([[प्राइम मेरिडियन]]) आ अंतरराष्ट्रीय तिथि रेखा ([[इंटरनेशनल डेट लाइन]]) बीचोबीच पड़े लीं:
* [[पूरबी गोलार्ध]] प्राइम मेरिडियन 0° देशांतर के पूरुब में आ 180° देशांतर के पच्छिम में पड़े ला।
* [[पच्छिमी गोलार्ध]] प्राइम मेरिडियन 0° देशांतर के पच्छिम में आ 180° देशांतर के पूरुब में पड़े ला।
 
पृथ्वी के [[समुंद्र|समुंद्री]] आ जमीनी भा [[महादीप|महादीपीय हिस्सा]] के आधार पर दू हिस्सा में बाँटल जाला:<ref>{{Cite journal | doi=10.1080/00221344508986498|title = This Hemisphere| journal=Journal of Geography| volume=44| issue=9| pages=345–355|year = 1945|last1 = Boggs|first1 = S. W.}}</ref>
 
* [[जमीनी गोलार्ध]] (स्थलीय गोलार्द्ध) अइसन आधा हिस्सा जेह में [[महादीप]] सभ के जमीनी एरिया बेसी बाटे।
* [[पनिहा गोलार्ध]] (जलीय गोलार्द्ध) अइसन आधा हिस्सा जेह में [[महासागर]], मने की पानी के हिस्सा बेसी बाटे।
 
{{clear}}
"https://bh.wikipedia.org/wiki/ग्लोब" से लिहल गइल