अंटार्कटिका: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो →‎top: Find-replace, replaced: |deadurl=no → url-status=live (2)
छो →‎top: सफाई
लाइन 20:
[[पृथ्वी]] के सभसे दक्खिनी [[महादीप]] बा, जेवना पर [[दक्खिनी ध्रुव]] स्थित बाटे। ई लगभग पूरा का पूरा [[अंटार्कटिक वृत्त]] की दक्खिन ओर स्थित बाटे आ चारों ओर से [[दक्खिनी महासागर]] से घेराइल बाटे। ई दुनियाँ के पाँचवा सभसे बड़हन महादीप हवे आ क्रम से [[एशिया]], [[अफिरका]], [[उत्तरी अमेरिका]] आ [[दक्खिनी अमेरिका]] की बाद आवेला। एकर कुल एरिया 140 लाख बर्ग किलोमीटर बाटे। एकर 98% हिस्सा बरफ से तोपाइल रहेला जौना के औसत मोटाई 1.9 किलोमीटर बा।<ref name="Bedmap2">{{cite journal |author=British Antarctic Survey |title=Bedmap2: improved ice bed, surface and thickness datasets for Antarctica |journal=The Cryosphere journal |page=390 |url=http://www.the-cryosphere.net/7/375/2013/tc-7-375-2013.pdf |format=PDF |accessdate=23 जून 2015}}</ref>
 
अंटार्कटिका दुनिया के सभसे ठंढा, सूखा आ सभसे तेज हवा वाला महादीप ह आ एकर औसत ऊँचाई बाकी कुल महादीपन ले ढेर बाटे।<ref>{{cite web |author=National Satellite, Data, and Information Service |title=National Geophysical Data Center |publisher=Government of the United States |url=http://www.ngdc.noaa.gov/mgg/image/2minrelief.html |accessdate=23 जून 2015|archiveurl=//web.archive.org/web/20060613001502/http://www.ngdc.noaa.gov/mgg/image/2minrelief.html |archivedate=13 जून 2006 |url-status=live}}</ref> अंटार्कटिका में वर्षण बहुत कम होला आ खाली किनारा वाला इलाका में होला एही से एके [[रेगिस्तान]] मानल जाला।<ref>{{cite web |last=Joyce |first=C. Alan |date=18 जनवरी 2007 |title=The World at a Glance: Surprising Facts |work=The World Almanac |url=http://www.worldalmanac.com/blog/2007/01/the_world_at_a_glance_surprisi.html |accessdate=23 जून 2015 |archiveurl=//web.archive.org/web/20090304001123/http://www.worldalmanac.com/blog/2007/01/the_world_at_a_glance_surprisi.html |archivedate=4 मार्च 2009 |url-status=live}}</ref> इहाँ के [[तापमान]] −89&nbsp;°C (−129&nbsp;°F) ले रेकार्ड कइल जा चुकल बाटे। इहाँ खराब मौसम दशा की कारण केहू आदमी हमेशा खातिर नइखे बसल आ खाली बैज्ञानिक रिसर्च करे खातिर इहाँ लोग रहेला। इहाँ की जीव बिबिधता में गिनावल जाय त कुछ [[एल्गी]], [[बैक्टीरिया]], [[फंगस]], [[पौधा]] आ कुछ बहुत छोट जानवर जइसे कि दीमक, नेमाटोड आ [[पेंग्विन]] पावल जालें। जहाँ कहीं बनस्पति मिलेला ऊ [[टुंड्रा]] प्रकार के होला।
 
ए महादीप के खोज सभसे पहिले एगो रूसी अभियान में फैबियन बेलिंग्सहॉउसेन <small>(Fabian Gottlieb von Bellingshausen)</small> आ मिखाइल लाजरेव <small>(Mikhail Lazarev)</small> नाँव के अभियानी लोग सन् 1820 में कइल।