नदी थाला: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
हॉट-कैट द्वारा श्रेणी:नदी थाला जोड़ल गइल
सुधार कइल गइल
लाइन 1:
[[Image:Ganges-Brahmaputra-Meghna basins.jpg|thumb|right|400px|[[गंगा नदी]] क थाला (नारंगी रंग), [[ब्रह्मपुत्र नदी]] थाला (बैंगनी), अउरी [[मेघना नदी]] क थाला (हरियर रंग) से [[नक्शा]] पर देखावल बाटे]]
 
'''नदी थाला''', '''जलनिकास थाला''' चाहे '''नदी बेसिन''' ({{Lang-en|river basin}} or ''river drainage basin'') ओ सारा एरिया के कहल जाला जेवना क पानी बहि के कौनों एगो नदी द्वारा निकले ला। एह में मुख्य नदी, ओकर सगरी सहायिका नदी आ सगरी एरिया शामिल होला जहाँ तक ले के पानी बह के मुख्य नदी द्वारा समुंद्र या झील में गिरत होखे। मुख्य नदी के बड़हन सहायिका सभ के बेसिन के उपबेसिन (सबबेसिन) कहल जाला आ शाखा-प्रशाखा सभ के एह किसिम के उपबेसिन सभ के क्रम तय (ऑर्डरिंग) कइल जा सके ला।
 
अंगरेजी में एकरा के '''''ड्रेनेज बेसिन''''' कहल जाला। कौनों ड्रेनेज बेसिन के सीमा तय करे वाला रेखा, जे अक्सर ऊँच हिस्सा सभ के सहारे आ पहाड़ी चोटी सभ के सहारे गुजरे ले, ओकरा के वाटर-डिवाइड कहल जाला। एकरे अलावा नदी थाला के '''''वाटरशेड''''' आ '''''कैचमेंट एरिया''''' भी कहल जाला। एही से मिलत-जुलत शब्द नहर खाती इस्तेमाल होला, नहर के पानी जेतना एरिया के सिंचनी करत होखे ऊ सगरी एरिया नहर के '''''कमांड एरिया''''' कहाला।