जीवनी: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
छो Stubsorter के मदद से {{Lit-stub}} जोड़ल गइल।
छो →‎top: Find-replace
 
लाइन 1:
[[File:Plutarchs Lives Vol the Third 1727.jpg|thumb|upright=1.2|[[प्लूटार्क]] के लिखल ''लाइव्ज ऑफ द नोबल ग्रीक्स एंड रोमन्स'' के तिसरहा संस्करण, 1727 में जैकब टेनिसन द्वारा छापल।]]
'''जीवनी''' चाहे '''जीवनचरित''' ({{Lang-en|biography}} भा bio) केहू ब्यक्ति के जिनगी के बिस्तार से बर्णन होला। ई मुख्य रूप से एगो [[साहित्य|साहित्यिक बिधा]] हवे जेह में बिसय के रूप में केहू ब्यक्ति के जिनगी के पूरा बिस्तार आ डिटेल में बिबरन प्रस्तुत कइल जाला; जे बस बेसिक तथ्य सभ जइसे कि पढ़ाई-लिखाई, काम आ पेशा, रिश्तेदारी आ निधन इत्यादिवगैरह के मामूली उल्लेख भर क दिहले के तुलना में मजिगर बेसी होखे ला। जीवनी में ब्यक्ति के अनुभव आ जिनगी के घटना सभ के बिस्तार से निरूपण होखे ला। प्रोफाइल भा ''सीवी'' (''कैरिकुलम विटे'') चाहे ''रिज्यूमे'' के बिपरीत जीवनी में ब्यक्ति के जिनगी के कहानी होखे ला जेह में ओकरे जिनगी के बिबिध पहलू सभ के हाइलाइट कइल गइल होला; एह में अंतरंग डिटेल आ अनुभव शामिल होखे लें आ ब्यक्ति के ब्यक्तित्व के बिश्लेषणो शामिल हो सके ला।
 
जीवनी के रचना सभ आमतौर प नॉन-फिक्शन रचना होखे लीं, हालाँकी, केहू ब्यक्ति के जिनगी के कहानी उजागर करे में फिक्शन (गल्प) के सहारा भी लिहल जा सके ला। एक किसिम के गहिराई से जीवनीपरक कभरेज के ''लीगेसी राइटिंग'' कहल जाला। मुख्य रूप से एगो साहित्यिक बिधा होखे के अलावा कई किसिम के मीडिया में जीवनी के रचना कइल जा सके ले जइसे कि फिलिम के रूप में।
"https://bh.wikipedia.org/wiki/जीवनी" से लिहल गइल