नोवा स्कोशिया: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

Content deleted Content added
बाहरी कड़ी जोड़ल गइल
छो →‎top: Find-replace, replaced: अंगरेजी → अंग्रेजी
 
लाइन 1:
'''नोवा स्कोशिया''' चाहे '''नोवा स्कोश्या''' ({{Lang-en|Nova Scotia}}, {{IPAc-en|ˌ|n|oʊ|v|ə|_|'|s|k|oʊ|ʃ|ə}} {{respell|NOH|və|_|SKOH|shə}}) ([[फ्रांसीसी भाषा|फ्रेंच]]: ''Nouvelle-Écosse'') [[कनाडा]] के [[कनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्र|तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र]] सब में से एगो प्रांत बाटे। ई प्रांत पूरबी कनाडा में पड़े ला आ कनाडा के तीन ठे समुंद्री प्रांत (मारिटाइम प्रोविंस) सब से से, आ चार गो अटलांटिक प्रोविंस सब में से एक हवे। एकरे नाँव "नोवा स्कोश्या" के शाब्दिक अरथ हवे "नया स्कॉटलैंड" आ इहाँ के अधिकतर आबादी अंगरेजीअंग्रेजी मूल-भाषा वाली हवे। 2021 के अनुमान अनुसार एहिजे कुल आबादी 1 मिलियन (10 लाख) चहुँप चुकल बा। ई कनाडा के अटलांटिक प्रोविंस सभ में सभसे बेसी आबादी वाला प्रोविंस हवे। देस के लेवल पर देखल जाय तब ई दुसरा सभसे घन बसल आ [[कनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्र सभ के रकबा अनुसार लिस्ट|दुसरा सभसे छोट रकबा]] वाला प्रांत हवे।
 
एह में मुख्य रूप से [[केप ब्रेटन दीप]] आ अउरी लगभग 3,800 दीप सामिल बाड़ें। नोवा स्कोश्या के प्रायदीप कनाडा के मुख्य जमीन से एगो पातर खन [[चिन्येटो थलजोड़]] से जुड़ल बाटे जहाँ [[न्यू ब्रूंस्विक]] के साथे एकर सीमा साझा होखे ले। एह प्रांत के सीमा पर पच्छिम में [[फंडी के खाड़ी]] आ [[मेइन के खाड़ी]] बाड़ीं जबकि दक्खिन आ पूरुब में [[अटलांटिक महासागर]] बाटे। एकरे आ [[प्रिंस एडवर्ड दीप]] आ [[न्यूफाउंडलैंड]] के बीचा में [[नार्थम्बरलैंड]] आ [[कैबोट जलजोड़]] बाड़ें।