अंतर्राष्ट्रीय अहिंसा दिवस

अंतर्राष्ट्रीय अहिंसा दिवस (International Day of Non-Violence) हर साल 2 अक्टूबर के मनावल जाला। एह दिन महात्मा गाँधी के जनम दिन हवे आ ई भारत में गाँधी जयंती के रूप में मनावल जाला।

अंतर्राष्ट्रीय अहिंसा दिवस
International Day of Non-Violence
मनावे वालायूनाइटेड नेशंस के सगरी सदस्य देस
समय2 अक्टूबर
केतना बेरसालाना

इतिहास संपादन करीं

जनवरी 2004 में मुंबई में आयोजित एगो कार्यक्रम में ईरानी नोबल पुरस्कार बिजेता शीरीन इबादी के ई आइडिया पेरिस में अंतर्राष्ट्रीय बिद्यार्थी लोगन के हिंदी पढावे वाला एगो शिक्षक से मिलल। बाद में भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के ई आइडिया पसंद आइल आ एकरा खाती माहौल बने सुरू भइल।[1]

15 जून 2007 के यूनाइटेड नेशंस में एह बात के प्रस्ताव पास भइल कि गांधी जी के जनम दिन 2 अक्टूबर के अंतर्राष्ट्रीय अहिंसा दिवस (इंटरनेशनल डे ऑफ नॉन-वायलेंस) के रूप में मनावल जाई।[2]

यूनाइटेड नेशंस के पोस्टल डिपार्टमेंट एगो इस्पेशल कैचेट (मोहर के रूप में लागे वाला चीन्हा)[3] भी बनावले बा जे 2 अक्टूबर से 31 ले हर चिट्ठी पत्री पर लगावे ला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Conference calls for declaring International day of non-violence".
  2. "UN declares 2 October, Gandhi's birthday, as International Day of Non-Violence". United Nations. 15 जून 2007. Retrieved 2 अक्टूबर 2014.
  3. Topical Philately Related to Mohandas K. Gandhi, gandhi.topicalphilately.com