अल्बर्टा

कनाडा के प्रांत (प्रोविंस)

अल्बर्टा चाहे अलबर्टा (अंग्रेजी: Alberta) कनाडा देस के तेरह गो प्रांत आ राज्यक्षेत्र सभ में से एगो प्रांत हवे। ई पच्छिमी कनाडा के हिस्सा हवे आ तीन गो प्रेयरी प्रांत सभ में गिनल जाला। एकरा पच्छिम में ब्रिटिश कोलंबिया, उत्तर में नार्थवेस्ट टेरिटरी, पूरुब में सस्केचवान बाड़ें जबकि दक्खिन में ई अमेरिका के मोंटाना राज्य के साथे सीमा बनावे ला। ई कनाडा के दो गो अइसन प्रांत सभ में से एक हवे जे पूरा तरीका से जमीनी बाडर वाला हवें[3] (दुसरका एकर पूरबी पड़ोसी सस्कैचवन हवे)। एह प्रांत के पूरबी हिस्सा ग्रेट प्लेन्स भूगोलीय क्षेत्र में आवे ला जबकि पच्छिमी हिस्सा रॉकी परबत सभ के सीमा वाला हवे। इहाँ के जलवायु मुख्य रूप से महादीपी जलवायु हवे हालाँकि, हवा के सूखापन के बदलाव के चलते मौसम में, खासतौर से तापमान में, तुरंत बदलाव होखे लें। एकरे पच्छिमी हिस्सा में मौसम में सीजनल बदलाव कुछ कम होखे लें, अक्सरहा बहे वाली चिनूक हवा के कारन।[4]

अल्बर्टा
प्रांत (प्रोविंस)
Flag of अल्बर्टाCoat of arms of अल्बर्टा
Mottoes: 
लैटिन: Fortis et liber
("Strong and free")
Location of अल्बर्टा
Coordinates: 54°59′30″N 114°22′36″W / 54.99167°N 114.37667°W / 54.99167; -114.37667[1]निर्देशांक: 54°59′30″N 114°22′36″W / 54.99167°N 114.37667°W / 54.99167; -114.37667[1]
राजधानीएडमोंटन
सभसे बड़ शहरकैलगरी
Area
 • Total661,848 किमी2 (255,541 बर्ग मील)
 • Land640,081 किमी2 (247,137 बर्ग मील)
 • Water19,531 किमी2 (7,541 बर्ग मील)
 • Rank6th
Population
 (2021)[2]
 • Total4,262,635
 • Rank4था
DemonymAlbertan

अल्बर्टा कनाडा के 4था सभसे बड़ प्रांत हवे जेकर कुल रकबा 661,848 किमी2 (7.12407×1012 वर्ग फु),[5] बाटे आ आबादी के मामिला में भी ई के 4,262,635[2]आबादी केसाथे 4थे अस्थान पर बाटे। अल्बर्टा के राजधानी एडमोंटन हवे आ सभसे बड़ शहर कैलगरी हवे।[6] ई दुनों शहर अल्बर्टा के सभसे बड़ सेंसस मेट्रो एरिया हवें आ दुनों के आबादी दस लाख से बेसी बाटे।[7] अल्बर्टा के आधा से बेसी आबादी एडमोंटन भा कैलगरी में निवास करे ला। अंग्रेजी एहिजा के ऑफिशियल भाषा हवे।

तेल आ पेट्रोलियम गैस इंडस्ट्री एह प्रांत के पहिचान हवे। इहाँ के अर्थब्यवस्था हाइड्रोकार्बन, पेट्रोकेमिकल इंडस्ट्री के साथे-साथ पशुधन, खेती आ एकदम आधुनिक फ्रंटियर टेक्नालजी पर आधारित बाटे। कनाडा के कुल तेल आ प्राकृतिक गैस के लगभग 70 प्रतिशत हिस्सा एही प्रांत से उपराजल जाला। साल 2018 में अल्बर्टा के उत्पादन एह क्षेत्र में CDN$338.2 मिलियन रहल जे एह देस के कुल जीडीपी के 15.27 % रहल।[8][9]

अल्बर्टा के एकरा प्राकृतिक सुंदरता खातिर भी जानल जाला, फॉसिल सभ के बहुलता आ कई गो नेचर रिजर्व (बायोस्फियर रिजर्व) सभ एहिजे बाड़ें। एह प्रांत में यूनेस्को द्वारा चिन्हित छ गो बिस्व धरोहर स्थल बाड़ें।[10] इनहन के अलावा अउरियो कई गो नेशनल पार्क बहुत महत्व वाला बाड़ें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Alberta". Geographical Names Data Base. Natural Resources Canada.
  2. 2.0 2.1 "Census Profile, 2021 Census of Population Profile table". Statistics Canada. February 9, 2022. Retrieved February 9, 2022.
  3. "Get to know Canada - Provinces and territories". aem. 2011-04-01. Retrieved 2020-10-16.
  4. Erin Wenckstern (January 8, 2015). "Chinook winds and Alberta weather". The Weather Network. Retrieved October 3, 2015.
  5. "Alberta - Climate". Encyclopedia Britannica (अंग्रेजी में). Retrieved 2020-10-16.
  6. "The 10 Biggest Cities In Alberta". WorldAtlas. September 9, 2019. Retrieved 2020-10-16.
  7. "Population and dwelling counts, for Canada, provinces and territories, census metropolitan areas and census agglomerations, 2016 and 2011 censuses – 100% data (Alberta)". Statistics Canada. February 7, 2018. Retrieved December 29, 2020.
  8. "Economic Dashboard - Gross Domestic Product". economicdashboard.alberta.ca (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-09-21.
  9. "Dictionary, Census of Population, 2016 - Market income". www12.statcan.gc.ca. May 3, 2017. Retrieved 2019-11-07.
  10. "World Heritage Sites in Alberta". www.albertaparks.ca. Retrieved 2020-10-16.

बाहरी कड़ी संपादन करीं