अशोक के आदेशलेख में 33 गो खम्हा पर खोदवावल लेख आ कुछ चट्टानलेख आ गुफा के देवाल पर लिखल अभिलेख सामिल बाने जे मौर्य साम्राज्य के राजा अशोक द्वारा लिखवावल गइल हवें। अशोक भारतीय उपमहादीप के बिसाल इलाका पर 269 ईसापूर्व से 232 ईसापूर्व ले शासन कइलें। उनके लिखवावल ई आदेशलेख सभ, एही कारण, अफगानिस्तान, पाकिस्तान, भारतबांग्लादेस के बिबिध जगह पर पावल जालें। एह आदेसलेख सभ में अशोक के धम्म के बारे में बिचार आ नैतिक आदर्श के जानकारी मिले ला।

अशोक के आदेशलेख सभ के क्षेत्र-बिस्तार[1]

एह अभिलेख सभ के तीन समूह में बाँटल जाला:

  • खम्हा-आदेशलेख
  • बड़हन चट्टानलेख: 14 आदेस लेख (जिनहन के 1 से 14 ले नंबरिंग भइल बा) आ 2 गो अलग से उड़ीसा में मिलल बाने
  • छोट चट्टानलेख, रानी के आदेशलेख, बराबर गुफा के आदेसलेख आ कंधार के दुभाषी आदेशलेख।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Reference: "India: The Ancient Past" p.113, Burjor Avari, Routledge, ISBN 0-415-35615-6