इन्दौर भारत के मध्य प्रदेश राज्य में एक ठो शहर बा। जनसंख्या के हिसाब से ई मध्य प्रदेश के सभसे बड़ शहर हवे, २०११ के जनगणना के हिसाब से एकर जनसंख्या २१,६७,४४७ बा जे खाली ५३० वर्ग किलोमीटर के क्षेत्र में बँटल बा। ई मध्य प्रदेश में सबसे जादे घन आबादी वाला शहर भी बा. ई भारत में टियर - २ शहरन में आवे ला। इंदौर महानगरीय छेत्र (शहर अउरी आसपास के इलाका) के आबादी ३ लाख लोगन के साथ राज्य में सबसे बेसी बाटे. ई इंदौर जिला आ इंदौर प्रभाग दुनों के मुख्यालय के रूप में काम करेला। एकरा के मध्य प्रदेश राज्य के वाणिज्यिक राजधानी भी कहल जाला। एकरा साथ ही इ नगर न केवल मध्य प्रदेश बल्कि देश के अन्य क्षेत्रन खातिर शिक्षा के एगो केंद्र के रूप में प्रसिद्ध बा. भारत के आजाद होखे से पहिले इ इंदौर रियासत के राजधानी रहे। ३] मालवा पठार के दक्खिनी छोर पर स्थित इंदौर शहर, राज्य के राजधानी भोपाल से १९० किमी पश्चिम में स्थित बा.

इन्दौर
देस भारत
राज्यमध्य प्रदेश
Population
 (2011)
 • Total2,167,447

जनसांख्यिकी संपादन करीं

साल 2011 के जनगणना[1] अनुसार इन्दौर के कुल शहरी जनसंख्या 19,64,086 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 21,67,447 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 14वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 925 आ साक्षरता के दर 85.87% बाटे।[1]

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "City Census 2011". census2011.co.in. Retrieved 22 नवंबर 2016.