इलाहाबाद के किला उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद शहर में बा। इलाहाबाद में गंगा आ जमुना नदिन संगम के नियरे स्थित इ किला के मुगल सम्राट अकबर 1583 ई. में बनवइले रहलन।[1] वर्तमान में इ किला के कुछे हिस्सा पर्यटकन खातिर खुला बा। बाकी हिस्सन के प्रयोग भारतीय सेना करेला। इ किला में तीन गो बड़हन गैलरी बाड़ें जहां पर ऊंच ऊँच मीनार कुल बाड़ें। सैलानियन के अशोक स्तंभ, सरस्वती कूप अउर जोधाबाई महल देखे के आज्ञा बा। एकरा अलावा अहिजा अक्षयवट के नाम से मशहूर बरगद के एगो पुरान पेड़ आ पातालपुर मंदिर भी बा।

नीला पानी के पाछे लउकत किला के देवाल
इलाहाबाद के किला। जमुना नदी के तीरे किला के दक्खिनी देवाल।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Alphabetical List of Monuments - Uttar Pradesh, Lucknow Circle, Uttar Pradesh". asi.nic.in/. Retrieved 24 मई 2015.