इस्टूल चाहे स्टूल एक किसिम के फर्नीचर हवे जे बइठे भा छोट-मोट समान रखे खाती इस्तेमाल होला। आमतौर पर एह में तीन गो पाया आ एक आदमी के बइठे भर के सीट होला। ई लगभग कुर्सी नियर होला बस एहमें पीठ टेके वाला आ हत्था ना होखे लें। अउरी किसिम सभ में ई एक से ले के छह पाया वाला तक हो सके ला। कुछ इस्टूल सभ फोल्डिंग भी होखे लें जिनहन के मोड के रखल जा सके ला।

तीन पाया वाला एगो स्टूल