एजियन सागर

ग्रीस आ तुर्की के बीचा में भूमध्य सागर के एगो खाड़ी आ सागर

एजियन सागर (अंग्रेजी: Aegean Sea) भा ईजियन सागर यूरोपएशिया के बीचा में, भूमध्य सागर के एगो लमछर खाड़ी हवे। ई बाल्कनअनातोलिया क्षेत्रन के बीचा में पड़े ला आ एकर बिस्तार करीबन 2,15,000 वर्ग किलोमीटर रकबा पर बाटे। उत्तर में ई सागर मारमरा सागरकाला सागर से डार्डेनल्सबास्पोरस जलजोड़ के माध्यम से जुड़ल बाटे। एह में मौजूद एगो दीपसमूह के नाँव एजियन दीपसमूह हवे जे एकरे दक्खिनी माथ पर बाटे, एह में क्रीटरोड्स दीप सामिल बाड़ें। एजियन सागर के अधिकतम गहिराई क्रीट के पूरुब में बा जहाँ ई 3,544 मीटर गहिरा बाटे। थ्रासियन सागर आ क्रीट सागर एकर उपबिभाग हवें।

Aegean Sea
Location of the Aegean Sea
The location of the Aegean Sea
लोकेशनMediterranean Sea
निर्देशांक39°N 25°E / 39°N 25°E / 39; 25निर्देशांक: 39°N 25°E / 39°N 25°E / 39; 25
प्रकारSea
नाँव उत्पत्तीFrom Aegeus
आगमInachos, Ilisos, Spercheios, Pineios, Haliacmon, Vardar, Struma, Nestos, Maritsa
निकासMediterranean Sea
थाला के देसGreece, Turkey; North Macedonia, Serbia, Bulgaria (drainage basins for inflow rivers)[1]
अधिकतम लंबाई700 किमी (430 मील)
अधिकतम चौड़ाई400 किमी (250 मील)
सतह क्षेत्र214,000 किमी2 (2.30×1012 वर्ग फु)
अधिकतम गहिराई3,544 m (11,627 feet)
दीप150+
आबादीAlexandroupoli, Athens, Ayvalık, Bodrum, Çanakkale, Çeşme, Didim, Heraklion, İzmir, Kavala, Kuşadası, Thessaloniki, Volos

एजियन सागर के इतिहासी महत्व रहल बाटे, बिसेस रूप से प्राचीन यूनान (एनशियेंट ग्रीस) के मामिला में, जे लोग एह एरिया में एही सागर के तीरे पर आ दीप सभ पर आबाद रहल।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Drainage Basin of the Mediterranean Sea" (PDF). Second Assessment of Ocean (Report). UNECE. November 2011.