ओजोन परत के संरक्षण खातिर अंतरराष्ट्रीय दिवस (अंग्रेजी: International Day for the Preservation of the Ozone Layer) जेकरा छोट रूप में ओजोन दिवस (अंग्रेजी: Ozone day) भी कहल जाला, हर साल 16 सितंबर के मनावल जाला। ओजोन गैस के वायुमंडल में परत मौजूद बा जे सुरुज से आवे वाला रेडियेशन के नोकसानदेह हिस्सा के सोख के पृथ्वी पर मौजूद जीवधारी सभ के रक्षा करे ला। आधुनिक टेक्नोलॉजी के जुग में मनुष्य के कामकाज के कारन एह परत के क्षय भइल बा आ एही के सुरक्षा खाती ई दिवस मनावल जाला।

ग्लोब पर एनीमेशन
दक्खिनी गोलार्ध में 1957–2001 के बीच ओजोन छेद के स्थिती देखावत एनीमेशन

16 सितंबर 1987 के ओजोन के संरक्षण के दिसा में मांट्रियल प्रोटोकाल लागू कइल गइल रहल, एही के उपलक्ष में ई दिन हर साल ओजोन दिवस के रूप में मनावल जाला। साल 2017 मांट्रियल प्रोटोकाल के 30 वाँ बरसी रहल, एह प्रोटोकाल के ओजोन संरक्षण में महत्व के अस्थान हवे, एही के देख के यूनाइटेड नेशंस द्वारा एह मोका पर इस्पेशल कैम्पेन चलावे के घोषणा कइल गइल।[1]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. United Nations. "International Day for the Preservation of the Ozone Layer, 16 September". Un.org. Retrieved 2017-09-15.