ओटावा
ओटावा (Ottawa) कनाडा देस के राजधानी हवे। ई शहर ओटावा नदी के दक्खिनी तीरे पर बसल बाटे आ दक्खिनी ओंटेरियो के पूरबी हिस्सा में पड़े ला। ई क्यूबेक प्रांत के गैटिनो शहर से सटल बाटे आ ओटावा-गैटिनो जनगणना-मेट्रो एरिया के आ राष्ट्रिय राजधानी क्षेत्र के केंद्रीय हिस्सा हवे।
2016 में ओटावा शहर के आबादी 9,34,243 रहल आ पूर मेट्रो क्षेत्र के आबादी 14,76,008 रहल। एह तरीका से ई कनाडा के 4था सभसे बड़ शहर हवे आ पाँचवाँ सभसे बड़ मेट्रो एरिया हवे; कनाडा के सभसे बड़ शहर टोरंटो हवे।
ओटावा शहर के अस्थापना 1826 में बेटाउन के नाँव से भइल आ 1855 में ई ओटावा के नाँव से म्युनिसिपल कार्पोरेशन (नगर निगम) बनल। एकर सभसे नया सीमांकन 2001 में भइल जेह में एकर जमीनी रकबा काफी बढ़ गइल।
ई कनाडा के शहर सभ में सभसे बेसी शिक्षित लोगन वाला शहर हवे। एहिजे कई ठे कॉलेज आ इन्वर्सिटी, रिसर्च सेंटर आ सांस्कृतिक संस्थान बाड़ें जिनहन में ओटावा यूनिवर्सिटी, कार्लेटन यूनिवर्सिटी, नेशनल आर्ट सेंटर, नेशनल म्यूजियम शामिल बाड़ें।
संदर्भ संपादन करीं
बाहरी कड़ी संपादन करीं
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Ottawa पर मौजूद बा। |
ई लेख कनाडा के कौनों जगह चाहे भूगोलीय चीज के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |