कनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्र

कनाडा देस के पहिला स्तर के (टॉप-लेवल) उपबिभाग

कनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्र (अंग्रेजी: Provinces and territories of Canada, फ्रेंच: Provinces et territoires du Canada) एह देस के पहिला स्तर के प्रशासनिक उपबिभाग हवें।[नोट 1] एह में 10 गो प्रांत बाड़ें जिनहन के प्रोविंस कहल जाला आ 3 गो राज्यक्षेत्र बाड़ें जिनहन के टेरिटरी कहल जाला। कनाडा देस एह तेरह गो प्रोविंस आ टेरिटरी सभ के कनफेडरेशन हवे।

  • कनाडा के प्रांत आ राज्यक्षेत्र
  • Provinces and territories of Canada
  • Provinces et territoires du Canada
कनाडा के एगो नक्शा जेह पर 10 गो प्रांत आ 3 गो राज्यक्षेत्र देखावल बाड़ें
श्रेणीफेडरेटेड स्टेट्स
संख्या
  • 10 प्रोविंस
  • 3 टेरिटरी

कनाडा के प्रोविंस आ टेरिटरी में मूल अंतर ई हवे कि प्रोविंस सभ के शक्ति संबिधान अधिनियम, 1867 से मिले ले (जेकरा के ऑफिशियल रूप से ब्रिटिश नॉर्थ अमेरिका एक्ट, 1867 कहल जाला) जबकि टेरिटरी सभ बिधिक रचना हवें आ इनहन के पावर कनाडा के संसद द्वारा हस्तांतरित (डेलिगेट) कइल गइल हवे। एकर मतलब ई भइल कि कनाडा के संघीय सरकार आ प्रोविंस के सरकार सभ के पावर के बिभाजन में बदलाव करे खातिर संबिधान में संशोधन करे के पड़ी जबकि टेरिटरी सभ के पावर में बदलाव बस कनाडा के संसद खुद एकतरफा तरीका से क सके ला।

प्रोविंस सभ के प्रतिनिधि लेफ्टिनेंट गवर्नर होला जबकि टेरिटरी सभ के कमिश्नर होखे लें फेडरल सरकार के प्रतिनिधित्व करे लें।

नोट संपादन करीं

  1. जइसे कि भारत में राज्य आ संघ राज्य क्षेत्र होखे लें, आमभाषा में इनहन के प्रदेश आ केंद्र शासित प्रदेश कहल जाला। अइसहीं कनाडा में प्रोविंस आ टेरिटरी होखे लें। हालाँकि, कनाडा एह प्रोविंस आ टेरिटरी सभ के फेडरेशन हवे जबकि भारत राज्य सभ के यूनियन हवे।

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं