कपिल शर्मा एक ठे भारतीय कामेडियन बाड़ें।[1] कपिल शर्मा फरवरी 2013 में, फोर्ब्स इंडिया पत्रिका में टॉप 100 हस्तियन में चुनल गयल रहन आऊर ओ लिस्ट में ऊ 96वां स्थान पर रहन।[2][3] उनकर फिलिम 2015 में अब्बास-मस्तान क संगे किस किसको प्यार करूँ आऊर 2017 में राजीव धिंगरा के संगे फिरंगी आयल रहे। इनके एक ठे अच्छा गायक भी मानल जाला। ई अपने चुटकुला में बनावटी समाज के खासतौर पर निशाना बनावे न। द कपिल शर्मा शो एक ठे भारत क हंसी वाला शो हऽ, जवन सोनी टीवी चैनल पर आवेला। ए शो क मेज़बान कामेडियन कपिल शर्मा ही हउअँ।

कपिल शर्मा
कपिल शर्मा, जय महाराष्ट्र चैनल के लॉन्च होखे के समय पे।
राष्ट्रीयताभारतीय
पेशाकामेडियन, एक्टर आऊर गायक
सक्रियता साल2001-अबहीं तक
वेबसाइटkapilsharma.org

जीनगी संपादन करीं

कपिल शर्मा क जनम अमृतसर , पंजाब, भारत में भयल रहे। इनकर बाऊ पुलिस डिपार्टमेंट में हेड कांस्टेबल रहनऽ आऊर माई जनक रानी एक ठे घरनी हईं।[4] कपिल एक ठे लोकल पीसीओ से काम करे शुरू कइले रहनऽ। इ आपन पढ़ाई-लिखाई हिन्दू कॉलेज ,अमृतसर से कइनऽ।[5]


संदर्भ संपादन करीं

  1. "Kapil Sharma: I will do as Ginni says, because I know that she is right".
  2. ^ http://forbesindia.com/lists/2013-celebrity-100/1439/1 Archived 2015-07-11 at the Wayback Machine
  3. ^ http://timesofindia.indiatimes.com/entertainment/bollywood/news-interviews/Kapil-Sharma-in-Forbes-celebrity-list/articleshow/27298494.cms?
  4. "Life has changed ever since, says comedian Kapil's family". हिन्दुस्तान टाइम्स. Archived from the original on 20 December 2014. Retrieved 18 December 2014.
  5. "India's funniest man". No. 7 March 2014. Hindu बिज़नस लाइन. Retrieved 19 December 2014.