कर्क रेखा

सभसे उत्तरी अक्षांस रेखा जहाँ ले सुरुज सीधा चमक सके ला (सीधा कपार के ऊपर)

कर्क रेखा एगो कल्पित रेखा ह जेवन पृथ्वी के अइसन जगह सभ से गुजरे ले जे सभसे उत्तरी जगह बाने जहाँ सुरुज के किरण सीधा पड़ सके ला। अइसन वर्तमान समय में 21 जून के होला जब सूर्य सबसे उत्तर ले पहुँच के सीधा चमकेला, एह दिन के उत्तरी संक्रांति कहल जाला। अइसन पृथ्वी की एकरी काल्पनिक धुरी की झुकाव की वजह से होला आ 21 जून के पृथ्वी क उत्तरी हिस्सा ठीक सुरुज की ओर झुकल रहेला जेवना से सुरुज से आवे वाला किरन पृथ्वी पर सभसे उत्तर की ओर ले चढ़ जाले।

विश्व की नक्शा पर कर्क रेखा
उत्तरी संक्रांति की समय क इस्थिति जब सूर्य क किरण कर्क रेखा पर सीधा पड़त बा

वर्तमान समय में कर्क रेखा क इस्थिति आमतौर पर 23.5 डिग्री उत्तरी अक्षांश बतावल जाला हालाँकि ई हमेशा एकही ना रहेला। इतिहास में ए में थोड़ा बहुत परिवर्तन भी भइल बा जेवन चक्रीय होला, मने कबो घट जाला आ फिर ठीक ओतने समय में बढ़ जाला। ई बदलाव पृथिवी के झुकाव के मात्रा में बदलाव की वजह से होला।

कर्क रेखा, आ एकर उल्टा मकर रेखा जेवन दक्खिनी गोलार्ध में इस्थित बा, दुनो की बिच्चा में क हिस्सा उष्ण कटिबंध कहल जाला।

कर्क रेखा भारत की बीचोबीच से हो के जाले आ भारत की आठ गो राज्यन से हो के गुजरेले। ई राज्य हवें गुजरात, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखण्ड, पश्चिम बंगाल त्रिपुरा अउरी मिजोरमउज्जैनराँची शहर लगभग कर्क रेखा पर इस्थित बाड़ें।

नाँव संपादन करीं

एह रेखा के नाँव अबसे लगभग 2,000 पहिले धराइल, ओह समय में सुरुज कर्क नाँव के राशि (कर्क माने खेखड़ा) में रहत रहे जब जून संक्रांति होखे।[1] मने की अइसन समय जब साल में एक बेर सुरुज के किरन सभसे उत्तरी बिंदु सभ पर पड़े, ओह समय सुरुज आकास में कर्क नाँव के तारा मंडल के सोझा रहल करे। हालाँकि, अब अइसन स्थिति ना बाटे, पृथ्वी के धुरी के झुकाव के दिसा भी बहुत धीरे-धीरे बदलत रहे ला जेकरा के अयन चलन भा अयन गति कहल जाला, एकरे परभाव के कारण, अब वर्तमान में जब जून संक्रांति (उत्तरी संक्रांति) होखे ले तब सुरुज वास्तव में वृष राशि में होखे ला। भारतीय ज्योतिष में, निरयन सिस्टम में गणना करे पर, जेह में अयन गति के परभाव के हटा के राशिमान लिखल जाला, कर्क संक्रांति 15 जुलाई के आसपास होले, जबकि सायन सिस्टम में ई 21 जून के होखे ले।

कर्क रेखा आ मकर रेखा के बीच के इलाका के अंग्रेजी में ट्रोपिकल कहल जाला आ एह रेखा सभ के ट्रॉपिक्स कहल जाला। इहो यूनानी (ग्रीक) भाषा के "ट्रोपो" शब्द से निकसल हवे जेकर अरथ बदलाव से हऽ मने की एकरे बाद सुरुज के दिसा (किरण के चढ़ाव-उतराव) बदल जाले।

भूगोल संपादन करीं

कर्क रेखा जेवना देसन से हो के गुजरे ले ओहमें शामिल बाड़ें: अल्जीरिया, नाइजर, लीबिया, मिस्र, सऊदी अरब, यूएई, ओमान, भारत, बांग्लादेश, म्यांमार, चीन, ताइवान, मेक्सिको, बहामास, पच्छिम सहारा (मोरक्कोसहरावी अरब डेमोक्रेटिक रिपब्लिक के दावेदारी), मारिटानिया, आ माली

अक्षांस-देसांतर देश, राज्यक्षेत्र (टेरिटरी) चाहे समुंद्र नोट
23°26′N 0°0′E / 23.433°N 0.000°E / 23.433; 0.000 (Prime Meridian)   अल्जीरिया
23°26′N 11°51′E / 23.433°N 11.850°E / 23.433; 11.850 (Niger)   Niger
23°26′N 12°17′E / 23.433°N 12.283°E / 23.433; 12.283 (Libya)   Libya ई संक्रांति वृत्त   Chad के सबसे उत्तरी बिंदु 23°26′N 15°59′E / 23.433°N 15.983°E / 23.433; 15.983 (Northernmost point of Chad) पर टच करे ला।
23°26′N 25°0′E / 23.433°N 25.000°E / 23.433; 25.000 (Egypt)   मिस्र नासिर झील से हो के गुजरे ले।
23°26′N 35°30′E / 23.433°N 35.500°E / 23.433; 35.500 (Red Sea) लाल सागर
23°26′N 38°38′E / 23.433°N 38.633°E / 23.433; 38.633 (Saudi Arabia)   Saudi Arabia
23°26′N 52°10′E / 23.433°N 52.167°E / 23.433; 52.167 (United Arab Emirates)   यूनाइटेड अरब अमीरात खाली भर अबू धाबी अमीरत से हो के।
23°26′N 55°24′E / 23.433°N 55.400°E / 23.433; 55.400 (Oman)   Oman देस के राजधानी मस्कट से हो के।
23°26′N 58°46′E / 23.433°N 58.767°E / 23.433; 58.767 (Indian Ocean) हिंद महासागर अरब सागर
23°26′N 68°23′E / 23.433°N 68.383°E / 23.433; 68.383 (India)   भारत राज्य सभ: गुजरात, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखंडपच्छिम बंगाल
23°26′N 88°47′E / 23.433°N 88.783°E / 23.433; 88.783 (Bangladesh)   बांग्लादेश खुलना, ढाका आ चिटगांव डिवीजन
23°26′N 91°14′E / 23.433°N 91.233°E / 23.433; 91.233 (India)   भारत त्रिपुरा
23°26′N 91°56′E / 23.433°N 91.933°E / 23.433; 91.933 (Bangladesh)   बांग्लादेश चिटगाँव डिवीजन
23°26′N 92°19′E / 23.433°N 92.317°E / 23.433; 92.317 (India)   भारत मिजोरम
23°26′N 93°23′E / 23.433°N 93.383°E / 23.433; 93.383 (Myanmar)   म्यांमार चिन प्रांत, सागिंग, मांडले, शान राज्य
23°26′N 98°54′E / 23.433°N 98.900°E / 23.433; 98.900 (China)   चीन युन्नान (  वियतनाम बाडर के लगभग 7 किमी उत्तर से), गुआंग्सी, आ गुआंगडांग
23°26′N 117°8′E / 23.433°N 117.133°E / 23.433; 117.133 (Taiwan Strait) ताइवान जलजोड़
23°26′N 120°8′E / 23.433°N 120.133°E / 23.433; 120.133 (Taiwan)   Taiwan
23°26′N 121°29′E / 23.433°N 121.483°E / 23.433; 121.483 (Philippine Sea) फिलिपाइन सागर
23°26′N 142°00′E / 23.433°N 142.000°E / 23.433; 142.000 (Pacific Ocean) प्रशांत महासागर नेकर दीप, हवाई,   यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के जस्ट दक्खिन से हो के
23°26′N 110°15′W / 23.433°N 110.250°W / 23.433; -110.250 (Mexico)   मेक्सिको बाजा कैलिफोर्निया सर
23°26′N 109°24′W / 23.433°N 109.400°W / 23.433; -109.400 (Gulf of California) कैलिफोर्निया के खाड़ी
23°26′N 106°35′W / 23.433°N 106.583°W / 23.433; -106.583 (Mexico)   मेक्सिको
23°26′N 97°45′W / 23.433°N 97.750°W / 23.433; -97.750 (Gulf of Mexico) मेक्सिको के खाड़ी क्यूबा से जस्ट उत्तर में
23°26′N 83°0′W / 23.433°N 83.000°W / 23.433; -83.000 (Atlantic Ocean) अटलांटिक महासागर
23°26′N 76°0′W / 23.433°N 76.000°W / 23.433; -76.000 (Bahamas)   Bahamas
23°26′N 75°10′W / 23.433°N 75.167°W / 23.433; -75.167 (Atlantic Ocean) अटलांटिक महासागर
23°26′N 15°57′W / 23.433°N 15.950°W / 23.433; -15.950 (Western Sahara) पच्छिमी सहारा Claimed by   Morocco and the   Sahrawi Arab Democratic Republic
23°26′N 12°0′W / 23.433°N 12.000°W / 23.433; -12.000 (Mauritania)   Mauritania
23°26′N 6°23′W / 23.433°N 6.383°W / 23.433; -6.383 (Mali)   Mali
23°26′N 2°23′W / 23.433°N 2.383°W / 23.433; -2.383 (Algeria)   अल्जीरिया

जमीन पर संपादन करीं

पूरा दुनिया में कई जगह पर नाप-जोख कइ के कर्क रेखा क जमीन पर इस्थिति के देखावे खातिर तरह तरह क निसान लगावल गइल बा। एही में से कुछ क फोटो नीचे दिहल जात बा:

संदर्भ संपादन करीं

  1. "What is the significance of the Tropic of Cancer, Tropic of Capricorn, Arctic Circle and Antarctic Circle? (Beginner) - Curious About Astronomy? Ask an Astronomer". curious.astro.cornell.edu. Cornell University. Retrieved 7 फरवरी 2019.