कलम चाहे पेन (अंग्रेजी: Pen; पॆन) एगो औजार हवे जे लिखे खातिर या फिर चित्रकारी (ड्राइंग) करे खातिर इस्तेमाल होखे ला, एकरे जरिये सियाही के कौनों सपाट सतह पर, जइसे कि कागज पर, लगावल जाला। पुराना समय से बिबिध प्रकार के कलम के चलन बा जेह में नरकट के कलम, चिरई के पाँख से बनल कलम भी आज ले कुछ ख़ास काम में इस्तेमाल होलीं; बालपेन, फाउंटेन पेन, मार्कर पेन वगैरह आज्काल्ह इस्तेमाल होखे वाली प्रमुख पेन बाड़ी सऽ। रूलिंग पेन के इस्तेमाल सटीक चौड़ाई के लाइन खींचे में होखेला जबकि अब टेक्निकल पेन सभ के इस्तेमाल के चलन बा।

कलम आ ओकर कुल्फीनुमा ढक्कन
एगो बॉलप्वाइंट कलम

डिजिटल पेन, आम कलम सभ से अलग होला काहें की एह से सियाही के इस्तेमाल ना कइल जाला; एकरे काम (फंक्शन) के चलते एकरो के पेन जरूर कह दिहल जाला।

संदर्भ संपादन करीं