केल्ट-9बी (KELT-9b) अब तक ले के मालुम सभसे गरम बाहरीग्रह बा जेकरे दिन वाला हिस्सा में तापमान 4600 K बा। अपना एह बिसेसता के कारण ई एम-प्रकार के सगरी, आ के-प्रकार के ज्यादातर तारा सभ के तुलना में ढेर गरम बाटे।[1] ई पृथ्वी से 620 प्रकाश-बरिस (190 पारसेक) दूर मौजूद बी-प्रकार के तारा, एचडी 195689 (या KELT-9), के चक्कर लगा रहल ग्रह बाटे।[1]

जवना तारा केल्ट-9 के ई चक्कर काटे ला ओकर खुद के तापमान 10170 K बा, ई एगो अइसन घटना बा जे पहिले नामालूम रहल, काहें कि आमतौर पर चक्कर लगावे वाला ग्रह एतना गरम तारा सभ के ग्रह के रूप में ना मिले लें; एह घटना के संदर्भ में बतावल गइल बा कि, एकरे पहिले के बस छह गो A-प्रकार के तारा अइसन मालुम बाने जिनहन के कौनो ग्रह चक्कर लगावत होखे (7430 K तापमान वाला WASP-33 नाँव के ए-प्रकार के तारा अइसन सभसे गरम तारा मालुम रहल जेकर कौनों आपन ग्रह होखे) आ कौनो भी बी-प्रकार के (ई ए-प्रकार वालन से गरम होखे लें) मालुम रहल; KELT-9, जेकरा के B9.5-A0[1] या A1[2] प्रकार के तारा के रूप में पहिचान भइल बा, पहिला B-प्रकार के (या कम से कम लगभग बी-प्रकार के) तारा बा जेकर ग्रह खोजल गइल बा।

KELT-9b के जानकारी किलोग्राम एक्सट्रीमली लिटिल टेलिस्कोप (Kilodegree Extremely Little Telescope) से मिलल आ ई जानकारी पहिली बेर साल 2016 में प्रकाशित भइल।[3][1] एही दूरबीन के नाँव पर एह तारा आ ग्रह दुनों के नाँव भी केल्ट पड़ल बा।

इहो बतावल गइल बा कि तारा के एतना जबरदस्त तापमान आ एकरे बहुत नजदीक होखे के कारण केल्ट-9बी से एकर पदार्थ गैस बन के उड़ रहल बा आ एकरा के पुच्छल तारा नियर रूप दिहले बा।

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 Gaudi, B. Scott; et al. (2017). "A giant planet undergoing extreme-ultraviolet irradiation by its hot massive-star host". Nature. arXiv:1706.06723. Bibcode:2017Natur.546..514G. doi:10.1038/nature22392.
  2. Jensen, K. S. (1981). "Spectral Classification in the MK System of 167 Northern HD Stars". Astronomy and Astrophysics Supplement. 45: 455. Bibcode:1981A&AS...45..455J.
  3. Collins, Karen A.; Stassun, Keivan; Gaudi, B. Scott; Beatty, Thomas G.; Zhou, George; Latham, David W.; Bieryla, Allyson; Eastman, Jason D.; Siverd, Robert; Crepp, Justin R.; Pepper, Joshua (2016). "KELT-9b: A Case Study in Dynamical Planet Ingestion by a Hot Host Star". American Astronomical Society. 47: 204.03. Bibcode:2016DDA....4720403C.

बाहरी कड़ी संपादन करीं