कैटाबैटिक हवा

बेसी घनत्व वाली हवा जे ढाल के सहारे नीचे धँसक के उतरे ले

कैटाबैटिक हवा या कैटाबैटिक पवन भा ड्रेनेज विंड (अंग्रेजी: Katabatic wind) कौनों ऊँचाई वाला इलाका में हवा के ठंढा हो के भारी आ सघन (ढेर घनत्व वाली) हो जाये के बाद ढाल के सहारे नीचे की ओर बहे वाली हवा के कहल जाला। आमतौर पर ई बहुत तेज बहे वाली हवा ना होली, हालाँकि, अगर हवा बहुत ठंडा हो जाव आ घाटी के हवा तुलना में पर्याप्त गरम होखे तब एकर स्पीड बहुत ढेर भी हो सकेले।

अंटार्कटिका में कैटाबैटिक हवा के उत्पत्ती देखावत चित्र

धियान देवे के बात इहो बाटे की सगरी अइसन हवा जे ढाल के सहारे नीचे के ओर बहे लीं, कैटाबैटिक हवा ना होलीं। कैटाबैटिक हवा के प्रमुख उदाहरण नीचे दिहल जात बाटे -

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं