क्लियोपैट्रा
क्लियोपैट्रा (अंग्रेजी: Cleopatra VII Philopator, क्लियोपॅट्रा सेवेंथ फिलोपॅटॉर; यूनानी: Κλεοπάτρα Φιλοπάτωρ;[1] 69 ईपू – 10 अगस्त30 ईपू) पुराना मिस्र के टॉलिमेइक राज के महारानी रहली आ एक राज के अंतिम शासक (फैरो) रहली।[नोट 1]
क्लियोपैट्रा के यादगार पुराना जमाना से ले के नया जमाना तक ले के कला सभ के क्षेत्र में जियतार रहल बाटे। रोमन काल के इतिहास-लेखन आ लैटिन कबितई में आमतौर प एह रानी के बारे में आलोचना से भरल नजरिया रहल जे बाद में जा के मध्यकाल आ पुनर्जागरण काल के साहित्य में ब्यापक रूप में पसर गइल। विजुअल कला सभ में, इनके कई किसिम के माध्यम से देखावल गइल जइसे की रोमन बस्ट सभ में; पेंटिंग सभ में; रतन, पाथर बर्तन ओगैरह प नक्काशी के रूप में; आ शीशा पर चित्रकारी के रूप में इनके बिबिध चित्र मिले लें। टालेमी के जमाना के सिक्का सभ पर आ उभारदार नक्काशी (रेलीफ़) में इनकरा के देखावल गइल बाते। पुरंर्जागारण (रिनांसा) आ बरूक कला के दौर में ई रानी कई बिधा सभ के मुख्य बिसय बनली जेह में ऑपेरा, थियेटर के ड्रामा, कबितई, चित्रकारी आ नक्काशी गिनावल जा सके ला। विक्टोरियन काल में ई मिस्र के चीजन खातिर पागलपन के हद तक लगाव के चलन, जेकरा इजिप्टोमैनिया कहल जाला, वाला समय में ई बहुत पापुलर रहली। नयको, मने की माडर्नो, जमाना में ई कई किसिम के कला सभ के क्षेत्र में, हालीवुड के फिलिम सभ में आ कामर्शियल ब्रांड सभ के आइकन नियर चीजन के रूप में पापुलर रहल बाड़ी।
शुरुआती बचपन संपादन करीं
क्लियोपैट्रा VII के जनम शुरूआती 69 ईसा पूर्व में टालेमी बंस के राजा टालेमी XII किहाँ भइल आ इनके महतारी के रहल ई ना मालुम बाटे,[2][3] [note 1] साइद ई टालेमी XII के मेहरारू रानी क्लियोपैट्रा VI ट्राईफाऐना के बेटी रहली।[4][5][6][note 2]
नोट संपादन करीं
- ↑ Grant (1972, p. 3) के कहनाम बा कि इनके जनम 70 ईसा पूर्व के अंत में चाहे सुरू के 69ईसा पूर्व में भइल।
- ↑ अउरी जानकारी खातिर देखल जाय Schiff (2011, p. 28) आ Kleiner (2005, p. 22) .
- ↑ She was also a diplomat, naval commander, linguist, and medical author; see Roller (2010, p. 1) and Bradford (2000, p. 13).
संदर्भ संपादन करीं
- ↑ Hölbl (2001), p. 231.
- ↑ Grant (1972), p. 3.
- ↑ Roller (2010), p. 15.
- ↑ Grant (1972), p. 4.
- ↑ Preston (2009), p. 22.
- ↑ Jones (2006), p. 28.
स्रोत संपादन करीं
छपल संपादन करीं
- Bradford, Ernle (2000) [1971], Cleopatra, Penguin Group, ISBN 978-0-14-139014-7.
- Hölbl, Günther (2001) [1994], A History of the Ptolemaic Empire, translated by Tina Saavedra, London: Routledge, ISBN 978-0-415-20145-2.
- Roller, Duane W. (2003), The World of Juba II and Kleopatra Selene: Royal Scholarship on Rome's African Frontier, New York: Routledge, ISBN 978-0-415-30596-9.
ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |