खगोलिकी

धरती से बाहर अंतरिक्ष में मौजूद चीजन के अध्ययन करे वाला विषय
(खगोलशास्त्र से अनुप्रेषित)

खगोलिकी भा खगोलशास्त्र (अंग्रेजी: astronomy) विज्ञान के एगो शाखा हउवे जेह में पृथिवी के बाहर आकाश भा अंतरिक्ष में मौजूद चीजन, जइसे की ग्रह, नक्षत्रआकाश गंगा आदि क पढ़ाई आ रिसर्च होल। प्राचीन काल में एहमें ग्रहन क गति आ आकाश में स्थिति क पूर्वानुमान लगावे का भी अध्ययन होखे आ एकर जुड़ाव ज्योतिषभूगोल दुनों से रहल।

खगोलिकी के बिना-सुलझल सवाल संपादन करीं

हालाँकि, खगोलिकी रुपी ई बैज्ञानिक शाखा बहुत गजब के बिकास कइले बा आ प्रकृति आ ब्रह्मांड के समझ बढ़ावे में मददगार भइल बाटे, अभिन ले बहुत सारा सवाल अइसन बाड़ें जिनाहन के जबाब मिले के बाकी बाटे। एह सवालन के जबाब खाती नया जमीन आ स्पेस आधारित उपकरण आ औजार बनावे आ संभवतः नया किसिम के सिद्धांत आ एक्सपेरिमेंट सभ के जरूरत बाटे। कुछ प्रमुख सवाल बाड़ें:

  • स्टेलर मास स्पेक्ट्रम के उत्पत्ती कइसे होखे ला? मतलब ई की खगोल बैज्ञानिक लोग हमेशा ठीक एकही किसिम के स्टेलर मास सभ के बितरण—सुरुआती मास फंक्शन—काहें देखे ला, जबकि आभासी रूप से सुरुआती दसा कुछऊ रहल होखे?[1] तारा आ ग्रह सभ के निर्माण के बारे में अउरी गहिराई से जानल अभिन ले बाकी बा।
  • का ब्रम्हांड में अउरियो कहीं जीवन बाटे? बिसेस रूप से, अउरियो कहीं बुद्धिमान जीवन बा कि नाहीं? अगर अइसन होखे, फर्मी पैराडॉक्स के का होखी? अउरी दूसर कहीं जिनगी के होखले के बैज्ञानिक आ दार्शनिक परभाव बहुत महत्व के बाड़ें।[2][3] सौर मंडल नार्मल बाटे कि एटिपिकल (atypical)?
  • डार्क मैटर आ डार्क एनर्जी के मूल प्रकृति का बाटे? इहे पूरा ब्रम्हांड (कोसमोस) के इवोल्यूशन आ नियति के भारी रूप से परभावित करे लें, तब्बो अभिन ले इनहन के बारे में बहुत जानकारी ना बाटे।[4]
  • ब्रम्हांड के अंतिम नियति खा होखी?[5]
  • सभसे सुरुआती गैलेक्सी कइसे बनली सऽ?[6] अतना सुपरमैसिव ब्लैक होल सभ कइसे बनलें?[7]
  • अल्ट्रा-हाई-एनर्जी कॉस्मिक किरन सभ कवना कारन से पैदा हो रहल बाड़ीं?[8]
  • स्टैंडर्ड बिग-बैंग मॉडल के प्रेडिक्शन के तुलना में लिथियम के मौजूदगी चार गुना कम काहें बाटे?[9]
  • इवेंट होराइजन के पार का होखे ला?[10]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Kroupa, Pavel (2002). "The Initial Mass Function of Stars: Evidence for Uniformity in Variable Systems". Science. 295 (5552): 82–91. arXiv:astro-ph/0201098. Bibcode:2002Sci...295...82K. doi:10.1126/science.1067524. PMID 11778039. S2CID 14084249.
  2. "Rare Earth: Complex Life Elsewhere in the Universe?". Astrobiology Magazine. 15 July 2002. Archived from the original on 28 June 2011. Retrieved 12 August 2006.
  3. Sagan, Carl. "The Quest for Extraterrestrial Intelligence". Cosmic Search Magazine. Archived from the original on 18 August 2006. Retrieved 12 August 2006.
  4. "11 Physics Questions for the New Century". Pacific Northwest National Laboratory. Archived from the original on 3 February 2006. Retrieved 12 August 2006.
  5. Hinshaw, Gary (15 December 2005). "What is the Ultimate Fate of the Universe?". NASA WMAP. Archived from the original on 29 May 2007. Retrieved 28 May 2007.
  6. "FAQ – How did galaxies form?". NASA. Archived from the original on 16 December 2015. Retrieved 28 July 2015.
  7. "Supermassive Black Hole". Swinburne University. Archived from the original on 14 August 2020. Retrieved 28 July 2015.
  8. Hillas, A.M. (September 1984). "The Origin of Ultra-High-Energy Cosmic Rays". Annual Review of Astronomy and Astrophysics. 22: 425–44. Bibcode:1984ARA&A..22..425H. doi:10.1146/annurev.aa.22.090184.002233. This poses a challenge to these models, because [...]
  9. Howk, J. Christopher; Lehner, Nicolas; Fields, Brian D.; Mathews, Grant J. (6 September 2012). "Observation of interstellar lithium in the low-metallicity Small Magellanic Cloud". Nature (अंग्रेजी में). 489 (7414): 121–23. arXiv:1207.3081. Bibcode:2012Natur.489..121H. doi:10.1038/nature11407. PMID 22955622. S2CID 205230254.
  10. Orwig, Jessica (15 December 2014). "What Happens When You Enter A Black Hole?". Business Insider International. Archived from the original on 13 August 2020. Retrieved 17 November 2016.