खेल (Play) अइसन एक्टिविटी मने क्रियाकलाप सभ होला जे स्वेच्छा से अउरी आनंद के प्राप्ती खाती कइल जाय। आमतौर पर खेल-खेलवाड़ लइकन के द्वारा कइल जाए वाला बिबिध काम के कहल जाला जेकरे जरिये ऊ आपन मनोरंजन करे लें आ आनंद पावे लें। मनोबैज्ञानिक रूप से कौनों लक्ष्य बना के होकरा के हासिल करे खाती प्रतियोगिता कइल भा कंपटीशन भी अइसन खेल के बिस्तार हो जाला जेकरा के अंग्रेजी में स्पोर्ट यानी खेलकूद कहल जाला; जबकि अउरी कई तरीका के अइसन क्रियाकलाप सभ के गेम भा खेल कहल जाला।

children playing with sand
बालू माटी में खेलत लइका