ग्रेटा सेलेस्ट गर्विग (Greta Celeste Gerwig; जनम 4 अगस्त 1983) एगो अमेरिकी फिलिम ऐक्ट्रेस, स्क्रीनलेखिका आ डाइरेक्टर बाड़ी। 2006 से 2009 के बीचा में ई कई गो फिलिम सभ में ऐक्ट्रेस के रूप में लउकली आ लोगन के धियान इनका ओर गइल। एकरे बाद ई जोए स्वानबर्ग के फिलिम सभ में देखलाई पड़ली, इनहन में से कुछ के ई सह-लेखिका आ सह-डाइरेक्टर भी रहली।

ग्रेटा गर्विग
2023 मे ग्रेटा गर्विग
जनमGreta Celeste Gerwig
(1983-08-04) अगस्त 4, 1983 (उमिर 40)
सैक्रमेंटो, कैलिफोर्निया, अमेरिका
महतारी संस्थाबर्नार्ड कॉलेज
पेशा
  • ऐक्ट्रेस
  • स्क्रीनप्ले लेखिका
  • फिलिम डाइरेक्टर
  • नाटक लेखिका
सक्रियता साल2006–अबतक

2010 के दशक के सुरुआत के सालन से ई नोह बाम्बार्ग के साथे काम करे सुरू कइली।

साल 2017 में ई आपन अकेले डाइरेक्ट कइल फिलिम लेडी बर्ड से एह क्षेत्र में कदम रखली। एह फिलिम के 75वाँ गोल्डन ग्लोब अवार्ड्स में बेस्ट मोशन पिक्चर - "म्यूजिकल भा कॉमेडी" के अवार्ड मिलल। एह फिलिम में गर्विग के काम खातिर इनका के दू गो अकैडमी अवार्ड नामिनेशन मिलल, बेस्ट डाइरेक्टर खाती आ बेस्ट स्क्रीनप्ले खातिर आ गोल्डन ग्लोब आ बाफ्टा में बेस्ट स्क्रीनप्ले खाती नामिनेशन मिलल। एकरे बाद, ई ऑस्कर अवार्ड में बेस्ट डाइरेक्टर खातिर नॉमिनेशन पावे वाली अबतक के पाँचवीं औरत बनली।


संदर्भ संपादन करीं