घाम (अंग्रेजी: sunlight) सूरूज से निकरल अँजोर के कहल जाला, बेसी बैग्यानिक भासा मे कहल जाव तऽ घाम विद्युतचुम्बकीय बिकिरन (इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडियेशन) के एगो हिस्सा हवे जे सूरूज से निकरेला। घाम मे दु परकार के किरिन होले, एगो जेकरा हमनी के देख सकेनीजा आ एगो जेके ना देख सकीं जा। एमे कवनो कवनो किरिन अईसन होला जे देहि के हारजा करेला बाकिर पृथ्वी के सतह प आवे से पहिले ई सभ किरिन वायुमंडल में छना जाला।

पेड़ सभ के बीचे से आवत घाम, युकरेन

घाम के सूरूज के सतह से धरती ले पहुँचे मे 8.3 मिनट लागेला। सूरूज के बीचे से ओकर सतह ले आवे के मे घाम के दस हजार से एक लाख सत्तर हजार बरिस ले लाग जाला।[1]

गांछ सभ के खाना बनावे मे घाम मे बहुते जोगदान होला।

नापल संपादन करीं

घाम केतना काड़ बा ई नापे ला "सनसाइन रिकॉर्डर", पाइरेनोमीटर, पाइरहेलियोमीटर नांव के जंत्र सभ के परजोग होला।

धरती प जिनगी संपादन करीं

धरती प के मय जीव सभ के जिनगी घाम के चलते चलेला। गाँछ सभ सूरूज के घाम, कार्बन डाइऑक्साइड गैस आ पानी के मिला चीनी (ग्लूकोज) बनावेलऽसन, एह काज के फोटोसिंथेसिस कहल जाला। एही बनल चीनी बाकि जीव सभ लेवेलऽसन आ एकरे प जींदा रहेलऽसन। आम भासा मे कहल जाव तऽ सूरूज के घाम के अंदर के तागत के लेके पेड़ सभ आपन फल बनावेलऽसन आ ओह फल के खा के जीव जंतु सभ ओह तागत के अपना भीतर लेवेलऽसन।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "The 8-minute travel time to Earth by sunlight hides a thousand-year journey that actually began in the core". SunEarthDay.NASA.gov. NASA. Archived from the original on 2012-01-22. Retrieved 2012-02-12.