चोटी (थलरूप)

अइसन सतह पर बिंदु जेकर ऊँचाई एकरे ठीक सटल सभ बिंदु सभ से ढेर होखे, स्थलाकृति में

चोटी (अंग्रेजी: summit) या परबत चोटी (अंग्रेजी: maountain peak) आमतौर पर जमीन के अइसन हिस्सा होला जवना के ऊँचाई अपने ठीक आसपास के जमीन से सबसे अधिक होखे। चोटी के इस्तेमाल अक्सर परबत के साथे होला आ ई कौनों पहाड़ या पहाड़ी के सभसे ऊँच बिंदु के खातिर कइल जाला। एकही परबत श्रेणी में कई गो परबत चोटी हो सकेली।

पर्वतारोही लोग, दुनिया के सभसे ऊँच चोटी माउंट एवरेस्ट पर, ई चोटी समुंद्र तल से 8,850 मीटर (29,035 फीट) पर बाटे
माउंट एल्ब्रूस के डबल चोटी, (काकेशस, रूस)

आम धारणा के मोताबिक चोटी के बहुत नुकीला गुम्बद या मीनार के नियर मानल जाला, हालाँकि ई दूर से भले नोकदार लउके बाकी असल में उहाँ पहुँचला पर समतल हिस्सा भी हो सके ला। बस ई आसपास के जमीन से ऊँच समतल हिस्सा होला जेकरा किनारा ढालू होला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं