टेम्पल (Temple) कौनों अइसन भवन, बिल्डिंग भा स्ट्रक्चर होला जवन धार्मिक पूजा, प्रार्थना भा धार्मिक अनुष्ठान करे के जगह के रूप में निश्चित कइल गइल होला। ब्यापक अर्थ में ई शब्द से कवनों भी धरम के धार्मिक भवन के बोध होला, भले ओकरे खातिर ओह धर्म में बिसेस नाँव होखे, जइसे कि मंदिर, महजिद, चर्च भा सिनेगॉग वगैरह।

7वीं सदी के बनल विरूपाक्ष मंदिर, हंपी, भारत
449 ईसा पूर्व के बनल एगो यूनानी मंदिर, एथेंस, यूनान

हिंदू, जैन आ बौद्ध धर्म के मंदिर भा अन्य धरमन के पूजा के अस्थान वगैरह सभ के अंग्रेजी में सड़मेंड़ रूप से टेम्पल कहल जाला। पुरान प्राचीन धर्म आ सभ्यता सभ के धार्मिक भवन सभ के भी टेम्पले कहल जाला, जइसे कि प्राचीन मिस्र के मंदिर वगैरह। आमतौर पर मंदिर भा टेम्पल में कौनो देव-देवता के बास मानल जाला (भले ओह में मूर्ती होखे न होखे) आ ई एगो अइसन जगह होला जहाँ देव-देवता भा ईश्वर से प्रार्थना कइल जा सके, या बलि चढ़ावल या अन्य कौनों (अपना धरम अनुसार) धार्मिक अनुष्ठान, पूजा-पाठ कइल जा सके।

टेम्पल शब्द अंग्रेजी में प्राचीन रोम के टेम्पलम शब्द से आइल हवे, जेकर अर्थ होखे पुजारी द्वारा घोषित दायरा भा परिसर जे देवता के स्थान मानल जाय। रोमन काल में असल मंदिर बनावे से पहिले ओकर जवन खाका बनावल जाय ओही अरथ में अंग्रेजी के टेम्पलेट शब्द भी उपजल हवे।

इहो देखल जाय संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं