टेम्स नदी (अंग्रेजी: River Thames, /tɛmz/ TEMZ) इंग्लैंड के एगो प्रमुख नदी हवे आ इंग्लैंडयूनाइटेड किंगडम के राजधानी आ दुनिया के एगो सभसे महत्व वाला शहर लंदन एही टेम्स नदी की किनारे बसल बाटे। वर्तमान समय में लंदन शहर के एतना बिस्तार हो चुकल बाटे की अब ई शहर एह नदी की किनारे ना बा बलुक ई नदी अब एह शहर की दक्खिनी हिस्सा से हो के बहे ले।

टेम्स (Thames)
River
लंदन में टेम्स
देस इंग्लैंड
काउंटी सभ Gloucestershire, Wiltshire, Oxfordshire, Berkshire, Buckinghamshire, सर्रे, एसेक्स, केंट
मेट्रोपोलिटन काउंटी ग्रेटर लंदन
शहर/कस्बा Cricklade, Lechlade, ऑक्सफोर्ड, Abingdon, Wallingford, Reading, Henley-on-Thames, Marlow, Maidenhead, Windsor, Staines-upon-Thames, Walton-on-Thames, Kingston upon Thames, Teddington, लंदन, Dartford, Gravesend, Southend
उदगम
 - लोकेशन टेम्स सोता, ग्लूशेस्टरशायर, यूके
 - ऊँचाई 110 मी (361 फीट)
मुहाना टेम्स एस्चुअरी, उत्तर सागर
 - लोकेशन Southend-on-Sea, Essex, यूके
 - ऊँचाई 0 मी (0 फीट)
लंबाई 346 किमी (215 मील)
थाला 12,935 किमी2 (4,994 वर्ग मील)
जलनिकास for लंदन
 - औसत 65.8 m3/s (2,324 cu ft/s)
Discharge elsewhere (average)
 - ऑक्सफोर्ड में प्रवेश समय 17.6 m3/s (622 cu ft/s)
 - ऑक्सफोर्ड से निकलत 24.8 m3/s (876 cu ft/s)
 - रीडिंग 39.7 m3/s (1,402 cu ft/s)
 - विंडसर 59.3 m3/s (2,094 cu ft/s)

लंदन की अलावा ऑक्सफोर्ड, रीडिंग, हेनलयेविंडसर नियर अउरी कई गो प्रसिद्द शहर एह नदी की तीरे बसल बाड़ें।

ई नदी इंग्लैण्ड के सभसे लमहर आ सेवर्न नदी की बाद यूनाइटेड किंगडम के दुसरकी सभसे लमहर नदी ह। एकर कुल लंबाई 236 मील (380 किमी) बाटे। ई तुलनात्मक रूप से देखल जाय त इंग्लैण्ड की सूखा वाला इलाका से गुजरे ले एही से एकर जल निकास के मात्रा अउरी बाकी नदिन की तुलना में कम बाटे।

नदी में 80 से ढेर दीप बाड़ें आ एकरी निचला हिस्सा में एकर पानी समुन्दर से मिल के खारा पानी बन जाल जेवना कारन ई बहुत प्रकार के जीव-जंतु आ बनस्पति के आश्रय दिहले बाटे आ एक ठो प्रमुख बैज्ञानिक रूचि के जगह एकरा लगे बाड़ें जइसे की उत्तरी केंट मार्शेस जेवन 5,449 हेक्टेयर (13,460 एकड़) पर फइलल बाटे।[1]

संदर्भ संपादन करीं

  1. South Thames Estuary And Marshes SSSI Archived 2013-10-21 at the Wayback Machine Natural England. पहुँच 28 नवंबर 2015।

बाहरी कड़ी संपादन करीं