एक डिग्री (पूरा नाँव, डिग्री ऑफ आर्क, आर्क डिग्री), जेकरा के आमतौर पर ° (डिग्री चीन्हा) से देखावल जाला, रेखागणित में तल कोण के माप हवे, जेकर परिभाषा पूरा एक चक्कर में 360 डिग्री मान के कइल जाला।

एक डिग्री (लाल रंग से) आ
नवासी डिग्री (नीला रंग से देखावल)

ऍसआइ इकाई (SI Unit) ना हवे, कोण के नापजोख के ऍसआइ इकाई रेडियन होला। हालाँकि, ऍसआइ के किताब में एकर जिकिर बाटे।[1] एक पूरा चक्कर 2π रेडियन के बराबर होला, एही से एक डिग्री के मान π/180 रेडियन के बराबर होला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Bureau International des Poid et Mesures (2006). "The International System of Units (SI)" (8 ed.).