तस्मान झील (अंग्रेजी: Tasman Lake) एगो प्रोग्लेशियल झील बाटे जवन तस्मान ग्लेशियर के लौटानी के कारण न्यूजीलैंड के साउथ आइलैंड पर बनल बाटे।[1] वर्तमान में एह ग्लेशियर के लौटान के गति तेज भइल बाटे आ झील के भी अभी बिस्तार हो रहल बाटे।

तस्मान झील
माउंट कुक राष्ट्रीय पार्क में तस्मान झील
लोकेशनमाउंट कुक राष्ट्रीय पार्क, साउथ आइलैंड
निर्देशांक43°41′S 170°10′E / 43.683°S 170.167°E / -43.683; 170.167निर्देशांक: 43°41′S 170°10′E / 43.683°S 170.167°E / -43.683; 170.167
प्रकारप्रोग्लेशियल झील
थाला के देसन्यूजीलैंड
अधिकतम लंबाई5.75 km
अधिकतम चौड़ाई1.60 km
सतह क्षेत्र6.91 km² (2013)
अधिकतम गहिराई>100 m
सतह ऊँचाई732 m (2013)

सन् 70 के सुरुआत में एह इलाका में कई ठो छोट-छोट तालाब रहलें जवन ग्लेशियर के पघिलाव से बनल रहलें। 1990 ले ई सगरी आपस में मिल के तस्मान झील के रूप ले लिहलें।[2]

तस्मान झील में एगो सैर सपाटा के नाव

तस्मान झील, तस्मान ग्लेशियर के लौटान के तेज कइले बाटे। सुरुआत में ई क्लिफ के हिस्सा के नीचे की ओर से खदरा के अइसन भइल आ क्लिफ के हिस्सा खदर के नीचे झील में गिरत गइल। हालाँकि, 2006 से, 50-60 मी के ग्लेशियर के उभार क्लिफ से बाहर झाँकत बाटे, जवन पहिले डूबल रहे आ समय समय पर एकरा से आइसबर्ग टूट के झील में गिर के पँवरत रहे लें। ग्लेशियर के काफ़ी हिस्सा के पानी के संपर्क में रहले की कारन एकरे लौटानी के गति तेज हो चुकल बाटे। 2008 में झील के बिस्तार 7 किलोमीटर लंबाई, 2 किलोमीटर चौड़ाई आ 245 मीटर के गहिराई वाला रहे जवन 2000 के बाद से लगभग डबल हो गइल रहे।[3] संभावना ई बतावल जात बाटे की ई झील के बिस्तार बढ़ि के अगिला एक दू दशक में 16 किलोमीटर लंबाई वाला हो जाई।[4]

तस्मान झील आ ग्लेशियर आ एकरे आसपास के पहाड़ सभ के इलाका सब माउंट कुक नेशनल पार्क के हिस्सा हवे। नाव ले के एह झील में सैर सपाटा कइल बर्तमान समय में एगो प्रमुख मनोरंजन बन चुकल बाटे।[5]

न्यूजीलैंड आ ऑस्ट्रेलिया के ढेर सारा भूगोलीय जगह आ थलरूप की नियर इहो झील के नाँव एगो डच खोजकर्ता अबेल जांसजून तस्मान के नाँव पर रखल गइल बाटे।

तस्मान झील, एकरे बहाव निकास (दाहिने) के ओर से देखला पर।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Place Name Detail: तस्मान झील". New Zealand Geographic Placenames Database. Land Information New Zealand. Retrieved 18 अप्रैल 2008.
  2. Hochstein, M.P.; Claridge, D.; Henrys, S.A.; Pyne, A.; Nobes, D.C. and Leary, S.F. (1995). Downwasting of the Tasman Glacier, South Island, New Zealand: changes in the terminus region between 1971 and 1993 Archived 2008-10-22 at the Wayback Machine, New Zealand Journal of Geology and Geophysics 38 (1), 1-16.
  3. Dykes, Robert C.; Brook, Martin S.; Winkler, Stefan (2010). "The contemporary retreat of Tasman Glacier, Southern Alps, New Zealand, and the evolution of Tasman proglacial Lake since AD 2000". Erdkunde. 64 (2): 147–148. doi:10.3112/erdkunde.2010.02.03. Archived from the original on 2022-03-17. Retrieved 29 दिसंबर 2015.
  4. "Tasman Glacier retreat extreme" (अंग्रेजी में). Massey University. 2008-04-23. Retrieved 29 दिसंबर 2015.
  5. Temple, Philip (2009-12-11). "Deniers don't have a rapidly melting glacier to stand on". The New Zealand Herald. Retrieved 29 दिसंबर 2015.

बाहरी कड़ी संपादन करीं