दैनिक जागरण भारत में छपे वाला हिंदी भाषा के अखबार ह। भरतीय पाठक सर्वेक्षण (Indian Readership Survey) 2012, Q-4 के अनुसार ई भारत के सभसे ढेर पढ़ल जाए वाला अखबार हवे।[2] दैनिक जागरण 25वां बे लगातार भारत के सभसे ढेर पढ़ल जाए वाला अखबार बनल बाटे।[3] इहे भर ना, बलुक ई दुनिया के सभसे ढेर पढ़ल जाए वाला अखबारन में से एक बाटे।[4] बीबीसी आ रायटर्स के एक ठो सर्वेक्षण में एकरा के भारत के सभसे बिस्वस्नीय अखबार स्रोत के रूप में मानल गइल बा।[5]

दैनिक जागरण
प्रकारदैनिक अखबार
फॉरमैटब्रॉडशीट
भाषाहिंदी
मुख्यालयजागरण भवन, 2, सर्वोदय नगर, कानपुर-208 005, भारत
सर्कुलेशन33,07,517 रोज[1] (as of जुल - दिसं 2015)
OCLC नंबर416871022
वेबसाइटjagran.com

अखबार के प्रकाशन जागरण प्रकाशन लिमिटेड करे ला जे बॉम्बे स्टॉक ऍक्सचेंज आ नेशनल स्टॉक ऍक्सचेंज में दर्ज कम्पनी हवे। जागरण प्रकाशन द्वारा सन् 2010 में मिड डे के [6] आ 2012 में नई दुनिया के भी खरीद लिहल गइल।[7]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Submission of circulation figures for the audit period July - December 2015" (PDF). Audit Bureau of Circulations. Retrieved 5 जनवरी 2016.
  2. "IRS 2013 Topline Findings" (PDF). Media Research Users Council(MRUC). Archived from the original (PDF) on 2014-07-02. Retrieved 30 जनवरी 2014.
  3. "Dainik Jagran tops national readership in 2013". Dainik Jagran.
  4. "Study Tour "Success made in India"". Wan-Ifra. Archived from the original on 2014-03-28. Retrieved 2014-03-28.
  5. "BBC Poll: Trust in Media - Countries". Globescan.com. Archived from the original on 2015-11-26. Retrieved 2014-03-28.
  6. "Jagran buys Mid-Day's publication business". Business Standard.
  7. "Jagran Prakashan buys Nai Dunia". Indian Express.

बाहरी कड़ी संपादन करीं