नक्शा प्रोजेक्शन

गोला चाहे गोलाभ के सतह के सपाट नक्शा पर देखावे के टेकनीक

नक्शा प्रोजेक्शन (अंग्रेजी: Map projection) एक ठो सिस्टमेटिक तरीका हवे जेकरे इस्तेमाल से गोल सतह पर बनल अक्षांश-देशांतर के जाल के समतल सतह पर ट्रांसफर कइल जाला, आ ई नक्शा बनावे के सभसे महत्व वाला चीज हवे। एह पुरा प्रॉसेस में कई परकार के बिरूपण होलें। बाकी नक्शा के उद्देश्य के अनुसार इनहन में से कुछ के चलाऊं मान लिहल जाला।

क्लाउडियस टालेमी के किताब में दिहल गइल अक्षांस-देसांतर के आधार पर आ ओनहीं के बतावल प्रोजेक्शन पर बनल दुनिया के नक्सा, 1482 ई