नेबुला (अंग्रेजी: Nebula; हिंदी: नीहारिका) कुछ बिसेस किसिम के — तारा सभ के बीचा के बदरी (इंटरस्टेलर क्लाउड) — होखे लीं जे पृथिवी से देखले पर आकास में धुंध के चकती नियर चाहे बदरी के टुकड़ा नियर देखलाइ पड़े लीं। एह इंटरस्टेलर क्लाउड में धूर, गैस, आयोनाइज्ड गैस आ प्लाज्मा नियर पदार्थ हो सके लें। पुराना समय में नेबुला आ गैलेक्सी सभ के बीचा में अंतर ना पता रहल आ अक्सर गैलेक्सी सभ के भी नेबुला कह दिहल जाय। हालाँकि, बीसवीं सदी के शुरुआत के दौर में वेस्टो स्लाइफर आ एडविन हबल नियर खगोलशास्त्री लोग गैलेक्सी सभ के असली रूप के चीन्हल आ ओकरे बाद से नेबुला आ गैलेक्सी सभ के बीचा में अंतर कइल जाये लागल। हबल, नेबुला सभ के तारा सभ के साथे जुड़ाव के चिन्हलें आ इहो नोटिस कइलें कि ई तारा सभ के रोशनी के रिफ्लेक्ट करें लीं।

किसिम संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. "A stellar sneezing fit". ESA/Hubble Picture of the Week. Retrieved 16 December 2013.