पठार (अंग्रेजी: Plateau, highland, या tableland) आसपास के जमीन से ऊँचाई पर मौजूद, ऊपर से सपाट आ पर्याप्त बिस्तार वाला जमीनी हिस्सा होला, जेकरा कम से कम एक ओर तेज ढाल वाला किनारा होला।[1][2][3][4] पृथ्वी के सतह के कौनों हिस्सा के पठार कहल जाए की पाछे प्रमुख बिसेसता एकर आसपास के धरातल से ऊँच होखल आ साथे-साथ अपने आप में कम ऊँचाई-निचाई वाला यानि सपाट सतह वाला होखल बाटे। ढेर ऊँचाई (इलेवेशन) आ कम उच्चावच (रेलीफ़) के पठार क प्रमुख बिसेसता मानल जाला।[5] पठार, मैदानपहाड़ के भूआकृति बिज्ञान में दूसरा श्रेणी (सेकेंड ऑर्डर)के थलरूप मानल जाला।[6][7]

तिब्बत के पठार के सैटेलाईट फोटो
तिब्बत के पठार के उपग्रह से लिहल फोटो

पठार, अक्सरहा खनिज पदार्थ खातिर महत्वपूर्ण होलें, काहें से की ज्यादातर पठार पुरान आग्नेय चट्टान के बनल हिस्सा हवें आ इहाँ तरह-तरह के खनिज पावल जाने। भारत के दक्खिनी हिस्सा अइसने पठार हवे।

उतपत्ती संपादन करीं

पठार कई तरह के भूबैज्ञानिक/भूआकृतिक प्रक्रिया द्वारा बनल हो सके लें। नीचे कुछ कारण आ उनहन से निर्मित पठार के उदाहरण दिहल जात बाटे:

  • टेक्टॉनिक हलचल द्वारा ऊपर उठल भूमि - तिब्बत के पठार,
  • ज्वालामुखी लावा के बहाव से बनल पठार - दक्कन के पठार,
  • प्राचीन ग्रेनाइट शील्ड के हिस्सा - साइबेरिया के पठार, प्रायदीपीय भारत के पठार।
  • पवन द्वारा माटी के जमाव से - लोयस पठार।

बर्गीकरण संपादन करीं

  • अंतरपरबती पठार (इंटरमोंटेन) - तिब्बत के पठार
  • परबतपदी पठार (पीडमोंट) - अप्लेशियन पठार
  • लावा पठार
  • शील्ड पठार/रेलिक्ट प्लेटू
  • पवन निर्मित पठार

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Plateau | Plateau Definition by Merriam-Webster". Merriam-webster.com. Retrieved 2017-03-06.
  2. "पठार - हिंदी में पठार की परिभाषा | Oxford Dictionaries". Hi.oxforddictionaries.com. Retrieved 2017-03-06.[मुर्दा कड़ी]
  3. Husain. Bhugol Shabd Sangrah. McGraw-Hill Education (India) Pvt Limited. pp. 1–. ISBN 978-0-07-067887-3.
  4. David S. G. Thomas; Andrew S. Goudie (17 July 2009). The Dictionary of Physical Geography. John Wiley & Sons. pp. 376–. ISBN 978-1-4443-1316-1.
  5. James Petersen; Dorothy Sack; Robert E. Gabler (28 फरवरी 2014). Fundamentals of Physical Geography. Cengage Learning. pp. 500–. ISBN 978-1-133-60653-6.
  6. Rattan Lal (2006). Encyclopedia of Soil Science. CRC Press. pp. 969–. ISBN 978-0-8493-5054-2.
  7. "Orders of Relief". Earthonlinemedia.com. Archived from the original on 2017-05-01. Retrieved 2017-03-06.