प्रॉक्सिमा सेंटॉरी (अंग्रेजी: Proxima Centauri) एगो कम द्रब्यमान वाला छोटहन तारा बाटे जे हमनी के सुरुज से करीबन 4.244 प्रकाश-बरिस (1.301 pc) के दूरी पर, दक्खिनी नछत्र-मंडल सेंटॉरस में स्थित बाटे। ई सुरुज से सभसे नगीचे मौजूद तारा बाटे। एकर खोज 1915 में रॉबर्ट इंन्स द्वारा कइल गइल। एकर अपीयरेंट मैग्नीट्यूड 11.13 बा आ ई एतना कम चमकीला हवे कि बिना कौनों दुरबीन के खाली आँख ना देखलाई पड़े ला।

संदर्भ संपादन करीं