फेदचेंको ग्लेशियर (अंग्रेजी: Fedchenko Glacier) पामीर परबत के याज़गुलेम श्रेणी में एगो ग्लेशियर बाटे। राजनीतिक रूप से ई ताजिकिस्तान देश के गोर्नो-बदख्शां प्रांत में पड़े ला। एह ग्लेशियर के लंबाई 77 किलोमीटर (48 मील) बाटे आ ई कुल 700 वर्ग किलोमीटर (7.5×109 वर्ग फु) रकबा पर बिस्तार लिहले बा। ध्रुवीय क्षेत्र से बहरें मौजूद ग्लेशियर सभ, जिनहन के अल्पाइन ग्लेशियर कहल जाला, उनहन में ई दुनियाँ के सभसे लमहर ग्लेशियर हवे।[1] जहाँ एकर मोटाई सभसे बेसी बा, ओहिजा ई 1,000 मीटर (3,300 फीट) मोट बाटे, आ एह ग्लेशियर आ एकरे दर्जनन सहायक ग्लेशियर सभ के आयतन देखल जाय तब ऊ 144 किलोघन मीटर (5.1×1012 घन फुट) बाटे जे इरी झील के कुल आयतन के लगभग तिसरा हिस्सा के बाराबर पड़ी।

लैंडसेट 7 सैटेलाइट से लिहल फोटो, 2008-08-22

संदर्भ संपादन करीं

  1. In the Karakoram Mountains, the Siachen Glacier is 76 km long, the Biafo Glacier is 67 km long, and the Baltoro is 63 km long. The Bruggen or Pio XI Glacier in southern Chile is 66 km long. Kyrgyzstan's South Inylchek (Enylchek) Glacier is 60.5 km in length. Measurements are from recent imagery, generally with Russian 1:200,000 scale topographic mapping for reference as well as the 1990 Orographic Sketch Map: Karakoram: Sheets 1 and 2, Swiss Foundation for Alpine Research, Zurich.