अडोबी फोटोशॉप (अंग्रेजी: Adobe Photoshop) चाहे जे फोटोशॉप भर के नाँव से जानल जाला, एगो रास्टर एडिटिंग सॉफ्टवेयर हवे जे एडोबी इंक. कंपनी द्वारा बजार में प्रकाशित होला। ई मूल रूप से 1988 में थॉमस आ जॉन नॉल द्वारा बनावल गइल। जल्दिये ई अतना पापुलर भइल कि फोटो एडिट करे खाती "फोटोशाप कइल", "फोटोशापिंग" नियर भाषाई इस्तेमाल चलन में आ गइल, हालाँकि, एडोबी कंपनी अइसन बेहवार के कम पसंद करे ले।

Adobe Photoshop
A screenshot of Photoshop with a large block of text
Adobe Photoshop 2023 (24.6.0) running on Windows
मूल लेखक
डेवलपरAdobe Inc.
सुरुआती रिलीजफरवरी 19, 1990; 34 साल पहिले (1990-02-19)
स्टेबल रिलीज
25.6[1] Edit this on Wikidata / मार्च 19, 2024; Error: first parameter cannot be parsed as a date or time. (मार्च 19, 2024)
भाषाC++
ऑपरेटिंग सिस्टमWindows 10 version 20H2 and later
macOS 11.0 and later[2]
iPadOS 14.0 and later[3]
Android 7.1 and later[4]
प्लेटफ़ॉर्मx86-64, ARM64
उपलब्ध बाटे26 languages[5]
प्रकारRaster graphics editor
लाइसेंसTrialware, SaaS
वेबसाइटwww.adobe.com/products/photoshop.html

फोटोशाप में रास्टर इमेज के एडिट कइल जा सके ला आ ई कई लेयर में, मास्क के साथ आ अल्फ़ा कंपोजिटिंग वगैरह के सपोर्ट करे ला। फोटोशाप में कई तरह के कलर मॉडल सभ के सपोर्ट भी बा जेह में आरजीबी, सीएमवाइके, स्पॉट कलर आ डुओटोन वगैरह बा। एकर आपन खुद के फाइल फारमेट PSDPSB बाड़ें।

फोटोशाप के साथे-साथ, अडोबी द्वारा अउरी कई गो सॉफ्टवेयर उपलब्ध करावल जा रहल बाने जइसे कि, फोटोशाप एलिमेंट्स, फोटोशाप लाइटरूम, फोटोशाप एक्सप्रेस, फोटोशाप फिक्स, फोटोशाप स्केच आ फोटोशाप मिक्स; ई सगरी "फोटोशाप परिवार" के रूप में भी जानल जालें। इहो घोषणा बा की 2019 में आइपैड खाती फोटोशाप लांच होखे वाला बाटे।[6]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Keep Photoshop up to date". 19 मार्च 2024.
  2. "Photoshop system requirements". Adobe Inc. Archived from the original on December 17, 2022. Retrieved December 16, 2022.
  3. "System requirements, Photoshop on the iPad". Adobe Inc. Archived from the original on December 7, 2022. Retrieved December 16, 2022.
  4. "Photoshop Express Photo Editor - Apps on Google Play". Archived from the original on December 20, 2022. Retrieved December 20, 2022.
  5. "language versions | Adobe Photoshop CS6". Adobe.com. Archived from the original on February 29, 2012. Retrieved February 29, 2012.
  6. Phelan, David (13 जुलाई 2018). "Adobe: Photoshop For iPad Is Coming, Product VP Reveals In Interview". फोर्ब्स. Retrieved 21 जुलाई 2018.