बाबा राघवदास मेडिकल कालेज, गोरखपुर

बाबा राघवदास मेडिकल कालेज, गोरखपुर भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के गोरखपुर शहर में एगो मेडिकल कॉलेज बाटे। ई मेडिकल कालेज गोरखपुर युनिवर्सिटी से संबद्ध हवे आ उत्तर प्रदेश के राज्य सरकार द्वारा चलावल जाला। एकर अस्थापना 1969 में भइल रहे आ एह कॉलेज से जुड़ल नेहरू अस्पताल आसपास के एगो बहुत बड़हन इलाका खातिर अकेल तिसरा लेवल के रेफरल अस्पताल बाटे।

बाबा राघवदास मेडिकल कालेज
2014 में लिहल कॉलेज के एगो फोटो
प्रकारराज्य-सरकार के मेडिकल कॉलेज
एकेडेमिक संबद्धता
अंडरग्रेजुएट100 (MBBS) students every year[1]
पोस्टग्रेजुएट54 (MD & MS) students every yearr[2]
लोकेशनगोरखपुर, उत्तर प्रदेश, भारत
Acronymबीआरडी मेडिकल कॉलेज
वेबसाइटbrdmc.ac.in, brdmc.org
Map
ज़ूम करे लायक नक्सा पर लोकेशन

ई अस्पताल के रूप में, दिमागी बोखार (एनसेफेलाइटिस) के इलाज खाती बिसेस रूप से परसिद्ध बा जे एह इलाका के एगो बहुत आम बेमारी हवे जे मानसून के बाद के सीजन में अक्सरहा एह इलाका में मरी के रूप में फइले ला। 2017 में एह मरी के दौरान इहाँ अस्पताल में आक्सीजन के सप्लाई में कमी होखे के कारन बहुत सारा लड़िकन के जान गइल रहे जेकरा चलते ई अस्पताल खास चर्चा के बिसय बनल।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "List of Colleges Teaching MBBS. -Medical Council of India (MCI)". Medical Council of India (MCI). Archived from the original on 7 जून 2013.
  2. "PG capacity of BRD Medical College". BRD Medical College. Archived from the original on 4 September 2017. Retrieved 3 September 2017.