बाल्टिक सागर यूरोप के उत्तरी हिस्सा में एगो सागर बा जे अटलांटिक महासागर के यूरोप में घुसल एगो हिस्सा हवे।[1] ई लगभग चारो ओर से जमीन से घेराइल बा आ डेनमार्क आ स्कैंडीनेविया के बीच से होके अटलांटिक सागर से जुड़े ला। एकरा उत्तर में स्कैंडीनेविया प्रायदीप, उत्तर पूरुब में बोथनिया के खाड़ी, पूरुब में फिनलैंडफिनलैंड के खाड़ी, पूरुब आ दक्खिन-पूरुब में बाल्टिक देस (इस्टोनिया, लैटविया, लिथुआनिया, पोलैंड), दक्खिन में पोलैंड आ जर्मनी, आ पच्छिम में डेनमार्क बाड़ें।

बाल्टिक सागर
बाल्टिक सागर के नक्सा

बाल्टिक सागर के क्षेत्रीय सागर या बंद सागर या अधबंद सागर मानल जाला।[2] ई आ ब्रैकिश वाटर[नोट 1] वाला सागर हऽ।[1]

एकरे पूरबी किनारा के देस सभ के एही के नाँव पर बाल्टिक देस आ एह इलाका के बाल्टिक यूरोप भी कहल जाला। आर्टिफिशियल तरीका से नहर बना के ई सफेद सागर के साथे भी जोड़ल गइल बा। जर्मनी के प्रसिद्ध कील नहर एकरा के नार्थ सागर से जोड़े ले।

इहो देखल जाय संपादन करीं

नोट संपादन करीं

  1. ब्रैकिश वाटर के मतलब होला अइसन पानी के भंडार जे साफ या मीठा पानी के तुलना में नमकीन होखे बाकी ओतना नमकीन भा खारा न होखे जेतना समुंदरी पानी होला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 Pauline Snoeijs-Leijonmalm; Hendrik Schubert; Teresa Radziejewska (18 April 2017). Biological Oceanography of the Baltic Sea. Springer Science & Business Media. pp. 24–. ISBN 978-94-007-0668-2.
  2. Renate Platzöder; Philomène A. Verlaan (19 December 1996). The Baltic Sea: New Developments in National Policies and International Cooperation. Martinus Nijhoff Publishers. pp. 10–. ISBN 90-411-0357-0.