बिग बैंग

ब्रम्हांड के उत्पत्ती के एगो थियरी आ ब्रम्हांडिकी मॉडल

बिग बैंग (अंग्रेजी: Big Bang) चाहे बिगबैंग थियरी, ब्रह्मांड के उत्पत्ति के ब्याख्या करे वाला एगो थियरी भा मॉडल बाटे जे बर्तमान समय में सभसे ढेर बैज्ञानिक लोगन के द्वारा मान्य बाटे।

बिग बैंग मॉडल के अनुसार ब्रह्मांड एगो बहुत नक्खी मुकी, बहुत घन आ गरम बिंदु में बिस्फोट के बाद बिस्तार से बनल बाटे आ अभिन भी फइल रहल बाटे।