मकर संक्रांति

हिंदू तिहुआर

खिचड़ी या मकर संक्रांति हिंदू लोगन क प्रमुख पर्व ह। मकर संक्रान्ति पूरा भारत आ नेपाल में कौनों न कौनों रूप में मनावल जाला। माघ मास में जब सूरज मकर राशि में आवेला तबे इ  पर्व  मनावल जाला। इ त्योहार जनवरी महिना की चौदहवां या पन्द्रहवां दिनें पड़ेला काहें कि एही दिन के सूर्य धनु राशि के छोड़के मकर राशि में प्रवेश करे ला।[1][2] मकर संक्रान्ति की दिन से ही सूर्य क उत्तरायण गति भी शुरू हो जाला। एहीसे ए पर्व के कहीं-कहीं उत्तरायणी भी कहल जाला। तमिलनाडु में एके पोंगल नामक उत्सव की रूप में मनावल जाला जबकि कर्नाटक, केरल तथा आंध्र प्रदेश में एके खाली संक्रांति कहल जाला।

मकर संक्रांति
खिचड़ी
सकरात
मकर संक्रांति के तिहुआर के चीज
अन्य नाँवमाघी, माघ संक्रांति
मनावे वालाहिंदू
प्रकारधार्मिक, सांस्कृतिक
महत्त्वबड़ा दिन के सुरुआत, सुरुज के पूजा
मनावे के तरीकानहान, पूजा, पतंगा उड़ावल, दान कइल
समयमकारा मासा के पहिला दिन (15 जनवरी अधिबरिस में; बाकी सभ साल में 14 जनवरी)
संबंधित बामाघी, माघ बिहू, पोंगल

नाँव संपादन करीं

अलग-अलग रूप संपादन करीं

इ भारतवर्ष तथा नेपाल की सब प्रान्तन में अलग-अलग नांव व भाँति-भाँति की रीति-रिवाज द्वारा भक्ति एवं उत्साह की साथ धूमधाम से मनावल जाला।

नाथ पंथ में खिचड़ी के महत्व हवे।[5] एह दिन उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में गोरखनाथ मठ में बाबा गोरखनाथ के खिचड़ी चढ़ावल जाला आ परसाद में खिचड़ी बाँटल जाला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Kamal Kumar Tumuluru (2015). Hindu Prayers, Gods and Festivals. Partridge. p. 30. ISBN 978-1-4828-4707-9.
  2. J. Gordon Melton (2011). Religious Celebrations: An Encyclopedia of Holidays, Festivals, Solemn Observances, and Spiritual Commemorations. ABC-CLIO. pp. 547–548. ISBN 978-1-59884-205-0., Quote: "Makar Sankranti is a festival held across India, under a variety of names, to honor the god of the sun, Surya."
  3. Shandilya, Rajeshwari (1 जनवरी 2009). Bharatiya Parva Evam Tyohar (हिंदी में). Prabhat Prakashan. ISBN 978-81-7315-617-5.
  4. Sharma, Rajesh. Vrat Parva Aur Tyohar (हिंदी में). Diamond Pocket Books (P) Ltd. ISBN 978-81-7182-935-4.
  5. Singh, Dr Jayram; Singh, Prof N. B. (9 सितंबर 2019). Nath Panth Aur Guru Gorakshnath (हिंदी में). Educreation Publishing.