मछरेंगा या कॉमन किंगफिशर (अंग्रेजी: Common Kingfisher; बैज्ञानिक नाँव:Alcedo atthis) एगो भारी ठोड़ वाली चिरई बाटे। ई रंग बिरंगी आ सुन्दर चिरई होखे ले।

मछरेंगा
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: एनिमेलिया
फाइलम: कार्डेटा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): कोरासीफॉर्मेस
परिवार: अल्सेडिनाइडी
जाति (Genus): अल्सेडो
प्रजाति: A. atthis
दूपद नाँव
Alcedo atthis
(लिन्नायस, 1758)
     मिलन काल
     साल भर निवास
     गैर मिलन-काल

मछरेंगा के कई ठो उपप्रजाति भी पावल जालिन। ई एशिया, यूरोप आ उत्तरी अफिरका के हिस्सन में पावल जाले। ई पक्षी साफ़ पानी के एगो बहुत नीक पहिचान हवे आ कौनों इलाका में एकर पावल जाइल ई बतावे ला की ओह इलाका के पानी के भण्डार (ताल, झील, तालाब, नदी वगैरह) बहुत प्रदूषित नइखे भइल।[2] कृत्रिम तरीके से बांध बनावल या पानी के बहाव के मैनेज कइल एकरा संख्या पर खराब असर डाले ला।[3]

भूगोलीय बिबिधता संपादन करीं

क्षेत्र की अनुसार एकरा कई गो उप प्रजाति पावल जाली।

  • A. a. ispida (लिन्नायास, 1758)।[4] मिलन काल में: दक्खिनी नार्वे, आयरलैंडस्पेन से पच्छिमी रूसरूमानिया ले, जाड़ा (गैर-मिलन काल) में पुर्तगालईराक ले।
  • A. a. atthis (लिन्नायास, 1758)। Breeds from उत्तरी-पच्छिमी अफिरका आ दक्खिनी इटली से अफगानिस्तान, कश्मीर क्षेत्र, उत्तरी सिनजियांग, आ साइबेरिया; जाड़ा में ई दक्खिन ओर बढ़ के इजराइल,[5] उत्तरी-पूरबी सूडान, यमन, ओमानपाकिस्तान ले पहुँच जाला। A. a. ispida के तुलना में एकर कलँगी ढेर हरियर, पेट की ओर के निचला हिस्सा ढेर पियाराहूँ होला आ ई ओकरा ले कुछ हल्का सा बड़ आकार के होला।
  • A. a. bengalensis (ग्मेलिन, 1788)। मिलन काल में दक्खिन एशिया आ दक्खिन पूरुब एशिया में भारत से ले के इंडोनेशिया चीन कोरिया, जापान आ पूरबी मंगोलिया में; जाड़ा में ई दक्खिनी इंडोनेशिया आ फिलिपींस ले पहुँच जाले। यूरोपियन प्रजाति की तुलना में तनी छोट बाके ढेर चमकीली चिरई हऽ।
  • A. a. taprobana (क्लेनश्मिड, 1894)। श्री लंका आ दक्खिनी भारत के स्थायी मिलन-काल वाली। ऊपरी हिस्सा चमकीला नीला होला न कि हरियाराहूँ नीला आ एकर आकार भी A. a. bengalensis के बराबर होला।
  • A. a. floresiana (शार्प, 1892)। बाली आ तिमोर के स्थायी मिलन-काल वाली। A. a. taprobana नीयर, नीला रंग अउरी गहिरा होला।
  • A. a. hispidoides (लेसन 1837)। Resident breeder from सुलावेसी से न्यू गिनी आ पच्छिमी प्रशांत के दीप सभ ले स्थायी रूपसे मिलन काल में रहे वाली। रंग A. a. floresiana के तुलना में गहिरा।
  • A. a. solomonensis (रॉठचाइल्ड & हार्टर्ट 1905)। सोलोमन दीप आ आसपास। दक्खिनी पूरबी एशिया में पावल जाए वाला किंगफिशर में सभसे बड़ आकार वाली।

संदर्भ संपादन करीं

  1. बर्डलाइफ इंटरनेशनल (2012). "Alcedo atthis". आइ॰यू॰सी॰एन॰ लाल सूची. आइ॰यू॰सी॰एन॰. 2012: e.T22683027A40556256. Retrieved 5 दिसंबर 2015.{{cite journal}}: CS1 maint: uses authors parameter (link)
  2. Peris, S. J.; Rodriguez, R. (1996). "Some factors related to distribution by breeding Kingfisher (Alcedo atthis L.)". Ekologia Polska. 54 (1–2): 31–38.
  3. Lin, Wen-Loung; Tsai, Hsien-Hsiu; Wu, Hsuan-Ju (2007). "Effect of ditch living thing by process of original structure replacement by RC irrigation ditch" (PDF). Journal of Chinese Soil and Water Conservation (चीनी में). 38 (1): 31–42.
  4. ब्रैकेट में नई प्रजाति के रूप में पहिचान या स्टेटस बदलाव के लिखल गइल बा।
  5. Arnold, Paula: Birds of Israel, (1962), Shalit Publishers Ltd., Haifa, Israel. p. 12

बाहरी कड़ी संपादन करीं